BREAKING NEWS
Search

कमला राय महाविद्यालय गेट पर ताला जड़ अभाविप के कार्यकर्ता कईले प्रदर्शन

गोपालगंज। शहर स्थित कमला राय महाविद्यालय में छात्र संघ चुनाव में अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के सगरी प्रत्याशी लोग के  नामांकन रद भईला के बाद से  लगातार दूसरका  दिने  मंगलवार के भी अभाविप के कार्यकर्ता लोग जमके  हंगामा कईल । आक्रोशित कार्यकर्ता लोग  महाविद्यालय के मुख्य गेट पर ताला जड़ के  प्राचार्या डॉ. रुखसाना खातून के खिलाफ जम के नारेबाजी कईल । सगरी कार्यकर्ता लोग चुनाव स्थगित कर नया  सिरा  से चुनाव प्रक्रिया शुरू करे के  मांग करत रहुए लोग । कार्यकर्ता लोग के द्वारा एकरा  संबंध में जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति औरी राज्यपाल के  भी ज्ञापन भेजल गईल बा। छात्र संघ चुनाव के  लेके  भरल  एगो  नामांकन पर्चा के  जांच के दौरान कागजात में कमी पावला पर सोमवार के  कमला राय महाविद्यालय में अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के सगरी प्रत्याशी लोग के  नामांकन महाविद्यालय प्रबंधन  के द्वारा  रद कर दिहल गईल रहे । जवना  जानकारी भईला  पर अभाविप के कार्यकर्ता लोग  महाविद्यालय में जम के  हंगामा कईले रहे । मंगलवार के  भी अभाविप कार्यकर्ता लोग के  हंगामा जारी रहल । कार्यकर्ता लोग   कमला राय महाविद्यालय के मुख्य गेट पर ताला जड़ के  प्रदर्शन कईल लोग । ऐह  दौरान प्राचार्या के खिलाफ जमके  नारेबाजी होत रहुए । कार्यकर्ता लोग के  आरोप रहुए  कि साजिश के तहत अभाविप के सगरी प्रत्याशी लोग के  नामांकन रद कईल गईल रहे । कार्यकर्ता लोग  चुनाव स्थगित कर नया  सिरा  से चुनाव प्रक्रिया शुरू करे के  मांग करत रहुए  । एही  बीच सूचना मिलला  पर सीओ विजय कुमार सिंह मौका  पर पहुंच गउअन । कुछ देर बाद प्राचार्य भी ओहिजा  पहुंच गउई । ओकरा बाद से सगरी कार्यकर्ता लोग आपन  ज्ञापन देहुए लोग । एकरा  साथ ही जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति औरी राज्यपाल के  भी ज्ञापन भेजल गउए । प्रदर्शन करे वाला में  सिवान-गोपालगंज विभाग संयोजक सन्नी सिंह, जिला संयोजक रौशन श्रीवास्तव, अभिषेक सत्यम, मंटू कुमार, आशीष पटेल सहित काफी संख्या में कार्यकर्ता शामिल रहले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *