BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज के रहेवाली छात्रा के पटना के एगो मॉल से अपहरण कर गैगरेप ,जाँच में जुटल पुलिस

पटना /गोपालगंज : – गोपालगंज जिला के रहेवाली छात्रा के साथे राजधानी पटना के बोरिंग रोड चौराहा स्थित जीबी मॉल से पिस्टल के  नोक पर छात्रा के  अपहरण कर गैंगरेप के  घटना सामने आईल बा । आरोपित   रेप के  वीडियो भी बना लेहले बाड़े । ऐ मामला में महिला थाना  में चारगो  युवक लोग  के खिलाफ अपहरण कर रेप करे और ऐह कुकर्म में सहयोग करे  के आरोप में धारा 376 डी के तहत एफआईआर दर्ज कईल  गईल बा । घटना सोमवार के  शाम साढ़े सात बजे के बा । ऐ मामला में पुलिस तत्परता देखावत  पटना पुलिस  मंगलवार के  एगो  आरोपित कुश के पाटलिपुत्र इलाका  से गिरफ्तार कर लेहले बा । जबकि औरी आरोपित विनायक सिंह रॉकर, संदीप मुखिया औरी  विकास के गिरफ्तारी करे खातिर  पालीगंज औरी  वैशाली में छापेमारी कईल  जा रहल बा । आरोपित विनायक सिंह रॉकर बाइकर्स गैंग के  सदस्य बतावल  जा रहल बा । संदीप मुखिया के  एगो  बाहुबली विधायक के  करीबी बतावल  जा रहल बा ।  मूलरूप से गोपालगंज के रहे वाली  छात्रा अपना  बहन के साथे  राजधानी के एगो  हॉस्टल में रहके बीबीए के  पढ़ाई कर रहल बाड़ी । उ बतवली  कि सोमवार शाम के उ  बोरिंग रोड चौराहा स्थित जीबी मॉल के एगो  रेस्टूरेंट से खाना खाके  हॉस्टल जात रहुई । एही  दौरान सफेद रंग के  कार से चारगो  युवक आके  औरी  पिस्टल के  नोक पर उनकरा के  कार में खींच लेहुए लोग । ओकरा बाद से  पाटलिपुत्र इलाका  में एगो  मॉल में पीछे स्थित फ्लैट में ले गउए लोग । जहां युवती के साथे   दुष्कर्म के घटना के अंजाम देहुए लोग । एगो  युवक रेप करत रहुए तब दोसरका ओकर  वीडियो बनावत रहुए । छात्रा आरोपित लोग  के चंगुल से केहू  तरह छूट के  हॉस्टल पहुंचुई  औरी अपना  बहन के  मदद से पुलिस के घटना के  सूचना देहुई। उ पहिले से भी सगरी आरोपित लोग के पहचानत बाड़ी  । गर्दनीबाग अस्पताल में छात्रा के  मेडिकल जांच करावल गउए। पीड़िता के बयान के आधार पर पुलिस  एफआईआर दर्ज कर लेहले बा  । जईमें एगो  आरोपित पकड़ल  जा चुकल बा  । बाकी के  तलाश में पुलिस छापेमारी कर रहल बा ।

 जल्द ही फरार सगरी आरोपित लोग के  भी गिरफ्तार कर लिहल जाई। 
– उपेंद्र शर्मा, एसएसपी, पटना 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *