BREAKING NEWS
Search

CAA के समर्थन में 14 जनवरी के बिहार अईहे यूपी के सीएम योगी आदित्य नाथ

पटना। सीएए पर देश भर के साथे बिहार में भी सियासत तेज बा । एकरा  समर्थन में भाजपा देश भर में अभियान चला रहल बा । एही के  तहत 14 जनवरी के  यूपी के सीएम योगी आदित्‍यनाथ बिहार अईहे । उ  बिहार के गया जिला  में रैली के  संबोधित करिहे । इनकरा  अलावा झारखंड के पूर्व सीएम रघुवर दास भी बिहार आ रहल बाड़े । बता दिहल जाव कि सीएए के समर्थन में लोग के जागरूक करे खातिर केंद्रीय गृहमंत्री अमि शाह भी बिहार आ रहल बाड़े । उनकर  जनसभा 16 जनवरी के  वैशाली में होई । दरअसल, भाजपा  सीएए पर जन जागरूकता खातिर  दिग्गज नेता लोग के फील्डिंग सजवले बा । एही  कड़ी में उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 14 जनवरी के  गया में रैली के  संबोधित करिहे , जबकि 16 के  वैशाली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष व केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, नौ के  आरा में पूर्व केंद्रीय मंत्री जयंत सिन्हा, दरभंगा व मधुबनी में पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष प्रभात झा औरी  बांका में झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री रघुवर दास औरी सीपी सिंह रैली के  संबोधित करिहे ।एही  तरह, केंद्रीय गृह राज्यमंत्री नित्यानंद राय के  बगहा में 12 के  रैली होई । रैली के मुकम्मल तैयारी के लेके पार्टी के संगठन महामंत्री नागेंद्र नाथ जुट गईल बाड़े ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *