BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज में नागरिकता संशोधन कानून के खिलाफ सड़क पर उतरल सैकड़ों लोग

गोपालगंज। नागरिकता संशोधन कानून- एनआरसी के खिलाफ बुधवार के  शहर के सड़क  पर सैकड़ों लोग उतरल । हिदू-मुस्लिम एकता मंच के बैनर तले लोग  शहर के अंबेडकर चौक से विरोध मार्च निकाल के  नागरिकता संशोधन कानून औरी एनआरसी के वापस लेबे के  मांग कईल । ऐह  दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के साथे  केंद्र व राज्य सरकार के खिलाफ जमके नारेबाजी भईल। नागरिकता संशोधन कानून व एनआरसी के खिलाफ ऐह  विरोध मार्च के  राजद, माले, बसपा सहित कईगो  राजनीतिक दल व संगठन के लोग आपन समर्थन दिहल । ऐ सगरी राजनीतिक दल व संगठन के कार्यकर्ता लोग  भी विरोध मार्च में शामिल रहल । विरोध मार्च के दौरान शहर में सुरक्षा के कड़ा  व्यवस्था रहल । विरोध मार्च के शामिल सैकड़ों लोगों के साथे  पुलिस व सुरक्षा बल के जवान भी स्थिति पर नजर राख के चलत नजर अउअन । शहर के अंबेडकर चौक से निकलल  विरोध मार्च सिनेमा रोड, पोस्ट ऑफिस चौक, मौनिया चौक, पुरानी चौक घोष मोड़ होते हुए गुजरल । घोष मोड़ पर कुछ समय खातिर विरोध मार्च में शामिल लोग सड़क पर धरना पर बईठ गउए लोग । ऐह  दौरान प्रधानमंत्री, केंद्रीय गृहमंत्री, मुख्यमंत्री के साथे  केंद्र व राज्य सरकार के खिलाफ जम के  नारेबाजी होत रहुए । विरोध मार्च में शामिल लोग नागरिकता संशोधन कानून के साथे  एनआरसी के  वापस लेबे के   मांग करत रहुए लोग । घोष मोड़ व अंबेडकर चौक पर कुछ समय तक धरना देहला  के बाद विरोध मार्च वापस अंबेडकर चौक के लगे  पहुंच के  सभा में तब्दील हो गउए । सभा में वक्ता लोग  कहल  कि नागरिकता संशोधन कानून – एनआरसी असंवैधानिक बा । अपना  संबोधन में राजद जिलाध्यक्ष रेयाजुल हक राजू  कहले  कि सरकार  नागरिकता संशोधन कानून बनाके  देश के बांटे के साजिश कर रहल बा । ऐह  कानून से समाज में तनाव औरी  आक्रोश व्याप्त हो गईल बा  । ऐह  कानून के खिलाफ गुरुवार से अनिश्चितकालीन धरना देबे के  कार्य कईल  जाई । एकरे  साथे  ही राजद जिला भर  के सगरी  प्रखंड मुख्यालय में 11 जनवरी के  धरना देबे के   कार्य करी । विरोध मार्च में राजद के प्रधान महासचिव इम्तेयाज  अली भुट्टो, बसपा नेता शादमान अली, पूर्व पीपी रामनाथ साहू, गुफरान राशिद मिटू, अजात शत्रु, शाह आलम, शादमान अली, अनस सलाम, मो सोनू, अनिल प्रजापति, अब्दुल सत्तार मुन्ना, फैज अकरम, आर्यन आलम, आफाक खान, माहताब आलम, फिरोज आलम सहित सैकड़ों के  संख्या में लोग शामिल रहल ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *