BREAKING NEWS
Search

ट्रक बाइक व साइकिल सवार के मरलस टक्कर, एक आदमी के मौत

गोपालगंज। राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 28 पर थाना क्षेत्र के अमवा गांव के पास एगो  अनियंत्रित ट्रक साइकिल व बाइक पर सवार तीनगो  लोग के  धक्का मार देहुए । ऐह  घटना में साइकिल सवार के  मौका  पर ही मौत हो गईल बा । जबकि बाइक पर सवार युवक औरी  युवती गंभीर रूप से घायल हो गईल बाड़े । दुनु  घायल लोग के  इलाज खातिर प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र कुचायकोट में भर्ती करावल गईल। जहां युवक के  स्थिति गंभीर देख चिकित्सक लोग  गोरखपुर रेफर कर देहले बा । घटना के बाद ट्रक चालक ट्रक लेके  फरार हो गईल बा । जानकारी के अनुसार गोपालपुर थाना क्षेत्र के सनाह माधो गांव निवासी रामू प्रसाद के पुत्र रिकी प्रसाद औरी  उत्तरप्रदेश के तरेया सुजान थाना क्षेत्र के सलेमगढ़ गांव निवासी शशिकांत पटेल के  पुत्री ज्योति पटेल बाइक से सलेमगढ़ से कुचायकोट के  तरफ आवत रहुए लोग । एकरा अलावा   यूपी के तरेया सुजान थाना क्षेत्र के ही मैरवा पाण्डेय टोला गांव निवासी जवाहर पाण्डेय फुलवरिया गांव से अपना बेटी से मिल के  वापस लौटत रहुअन । एही  बीच हाइवे पर अमवा गांव के पास एगो  अनियंत्रित ट्रक  बाइक व साइकिल सवार तीनों लोग के धक्का मार देहुए । ऐह  घटना में साइकिल पर सवार जवाहर पाण्डेय के  घटनास्थल पर ही मौत हो गईल । जबकि बाइक सवार रिकी प्रसाद व ज्योति पटेल गंभीर रूप से घायल हो गईली । आसपास के लोग दुनु घायल लोग  के  इलाज करावे खातिर  प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र कुचायकोट पहुंचावल । जहां रिकी प्रसाद के  स्थिति गंभीर देख डाक्टर लोग उनकरा लोग के गोरखपुर रेफर कर दिहल । घटना के  जानकारी मिलते ही कुचायकोट थाना  के अपर थानाध्यक्ष अनिल कुमार तथा अवर निरीक्षक महेंद्र कुमार पुलिस बल के साथे  मौका  पर पहुंच गउअन अउरी मृतक के शव के कब्जा में लेके  पोस्टमार्टम करावे खातिर सदर अस्पताल गोपालगंज भेज देहुए लोग ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *