BREAKING NEWS
Search

नामांकन रद्द भईला से नाराज अभाविप कार्यकर्ता लोग लगतार तिसरका दिने कईल कमला राय महाविद्यालय में तालाबंदी

गोपालगंज। शहर स्थित कमला राय महाविद्यालय में छात्र संघ चुनाव में अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के सगरी प्रत्याशी लोग के  नामांकन त्रुटि के आधार पर रद कईला के बाद बुधवार के  लगातार तीसरका  दिने  भी अभाविप के  आंदोलन जारी रहल । आंदोलन कर रहल  अभाविप कार्यकर्ता लोग ऐह मामला  में कुलपति के द्वारा जांच ना करे  व अभाविप उम्मीदवार लोग के नामांकन साजिश के तहत रद्द करे के आरोप निर्वाचन पदाधिकारी व जय प्रकाश विश्व विद्यालय के कुलपति पर लगाके  कमला राय महाविद्यालय के गेट में तालाबंदी कर प्रदर्शन जारी रखल लोग ।प्रदर्शन कर रहल  अखिल विद्यार्थी परिषद के जिला संयोजक रौशन कुमार  बतवले  कि जय प्रकाश विश्व विद्यालय के कुलपति व कमला राय महाविद्यालय के  प्राचार्य  साजिश के तहत अभाविप उम्मीदवार लोग के  नामांकन रद्द कर देहले बा लोग । अगर ऐह  मामला  में कवनो निर्णय ना लिहल जाई तब आगे औरी  उग्र आंदोलन कईल जाई । ऐह  मौका  पर सन्नी सिंह  कहले  कि लगातार तीसरका  दिन चल रहल  आंदोलन के बाद भी प्राचार्य  अभी तक कवनो ठोस जबाव हमनी के नईखी देहले । उ महाविद्यालय प्रशासन पर अभाविप सदस्य लोग  के साथे  भेदभाव करे के  आरोप लगवले । प्रदर्शन में अभाविप सदस्य अभिषेक पाण्डेय, मंजीत राय, नेहाल पटेल, आशीष पटेल, कुंदन सिंह, रंजय कुमार, रवि कुमार, दिवाकर कुमार, प्रशांत कुमार, अनुज सिंह सहित कईगो  सदस्य मौजूद रहले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *