BREAKING NEWS
Search

कुख्यात अपराधी राज कुमार शर्मा के मीरगंज में गोली मारके हत्या

गोपालगंज / मीरगंज – थाना के स्टेशन स्थित रैक पॉइंट पर आज हथियार बंद अपराधी दुगो जिला के कुख्यात आतंक बनल अपराधी राज कुमार शर्मा के गोली मार के हत्या कर देहले बाड़े .  घटना के बारे में बतावल जा रहल बा  कि ई   घटना  दुगो अपराधी के वर्चस्व के लेके घटल बा . मीरगंज में रैक प्वाइंट  पर दुगो गिरोह के वर्चस्व के विवाद चलत रहल हवे . घटना के  सूचना मिलते   के बाद भारी संख्या में पुलिस  पहुंच गईल बा  . राज कुमार  शर्मा पर सीवान / गोपालगंज के कईगो  थाना  में 2 दर्जन से अधिक लूट, हत्या जईसन  संगीन मामला दर्ज  बा . अभी उ  बेल पर बाहर निकल के आईल रहले ह . कुख्यात राज कुमार शर्मा सीवान जिला  के मुफ्फसिल थाना इलाका  के रामपुर गांव के रहे वाला  बतावल गईल बाड़े . आजकल उ जेल से निकलला के बाद से अपराध छोड़ के जमीन खरीद बेच सहित कईगो धंधा में लागल रहले ह .राज कुमार शर्मा जेल में बंद कुख्यात अपराधी विशाल सिंह के करीबी अउरी सीवान के पूर्व सांसद शहाबुदीन के एंटी ग्रुप के सदस्य रहले ह .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *