BREAKING NEWS
Search

जेल से जमानत पर छूटल सगरी अपराधी लोग पर पुलिस राखी विशेष नजर

गोपालगंज। पुलिस अब जेल से जमानत पर छूटल सगरी अपराधी लोग  पर नजर राखी । एकरा  साथे  ही अपराधियन के शरण देबे  वाला लोग के भी चिन्हित कर पुलिस उनकरा लोग के खिलाफ सख्त कार्रवाई करी । शनिवार के  थावे थाना में भईल  क्राइम मीटिग में पुलिस अधीक्षक मनोज कुमार तिवारी एकर  निर्देश मीटिग में मौजूद जिला भर के सगरी  थाना के थानाध्यक्ष लोग के देहले । क्राइम मीटिग के बाद पुलिस अधीक्षक मनोज कुमार तिवारी  बतवले  कि सगरी  थानाध्यक्ष लोग के  सख्त निर्देश दिहल गईल बा  कि अपराधियन के चिन्हित कर गिरफ्तार कईल जाई । एकरा  साथे  ही जेल से जमानत पर छूटल सगरी  अपराधियन  पर नजर राखे के   निर्देश दिहल गईल बा । अगर कवनों  व्यक्ति के  कवनो भी प्रकार के आपराधिक मामला  में संलिप्ता बा तब ओहिपर भी कार्रवाई कईल जाई । उ बतवले  कि अपराधियन  के साथ देबे वाला   शरण औरी संरक्षण देबे वाला के   चिन्हित कर अईसन  लोग पर कार्रवाई करे के  निर्देश थानाध्यक्ष लोग के दिहल गईल बा। एकरा  साथे  ही सगरी  लंबित कांड के निष्पादन करे के भी सगरी  थानाध्यक्ष लोग के  सख्त निर्देश दिहल गईल बा । आम जनता के  शिकायत के  सुन के  मामला के  जांच कर शीघ्र कार्रवाई करे के भी निर्देश दिहल गईल बा । क्राइक मीटिग में डीएसपी हथुआ अशोक कुमार चौधरी, सदर एसडीपीओ नरेश पासवान, हथुआ इस्पेक्टर सतीश कुमार, सदर इस्पेक्टर सुरेंद्र कुमार, नगर इस्पेक्टर प्रशांत राय, थावे थानाध्यक्ष विशाल आनंद, उचकागांव थानाध्यक्ष किरण शंकर, मांझा थानाध्यक्ष छोटन कुमार, मीरगंज थानाध्यक्ष मुकेश कुमार सहित जिला  के सगरी  थानाध्यक्ष लोग मौजूद रहल ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *