BREAKING NEWS
Search

जिगना पंचायत के पूर्व मुखिया अरुण कुमार सिंह के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या

(रिपोर्ट- आशुतोष कुमार तिवारी)

गोपालगंज/मीरगंज:- मीरगंज थाना क्षेत्र के मटिहानी नैन पंचायत के पूर्व मुखिया अरुण कुमार सिंह के गोली मार के हत्या कर दिहल गईल बा। घटना के बारे में बतावल जा रहल बा कि पूर्व मुखिया आज दिन के लगभग एक बजे के करीब में अपना महेंद्रा वर्कशॉप पर बईठल रहुअन एहि दौरान तीनगो बाईक सवार युवक पूर्व मुखिया से मिले खातिर उनकरा दरवाजा पर पहुचुअन । एगो युवक पूर्व मुखिया के प्रणाम करुए मुखिया आशीर्वाद देबे खातिर जइसे ही नीचे झुकुअन तइसे ही दुसरका युवक उनकरा गर्दन में गोली मार देहुए । स्थानीय लोग बतावल कि युवक एके बाईक पर बईठ के हेलमेट पहिन के पहुचल रहूअन । गोली मारके तिनु युवक सिवान के तरफ भाग गउअन । गोली लगला के बाद स्थानीय लोग अउरी परिजन इलाज करावे खातिर हथुआ अनुमंडलीय अस्पताल में लेके पहुचुए लोग ।जहवा स्थिति चिंताजनक देख डाक्टर लोग गोपालगंज सदर अस्पताल में भेज देहुए। सदर अस्पताल पहुँचे ही इलाज के दौरान अरुण कुमार सिंह के मौत हो गउए। अरुण कुमार सिंह पूर्व मुखिया उपेन्द्र सिंह के हत्या के आरोप में अभी जेल से कुछ दिन पहिले छूट के बेल से बाहर आईल रहले ह । हत्या के बाद पूरा इलाका में तनाव के स्थिति बनल बा। स्थानीय पुलिस मौका पर पहुँच के कैम्प कर रहल बा। मीरगंज में लागतार हो रहल हत्या से क्षेत्र में दहशत के माहौल बा। काल्ह कुख्यात राजकुमार शर्मा के हत्या भी दिनदहाड़े कर दिहल गईल रहुए।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *