BREAKING NEWS
Search

16 जनवरी के कुचायकोट के भाठवा मोड़ पर होई ‘विशिष्ट सम्मान सह अर्पण समारोह ‘ के आयोजन , जुटी दिग्गज लोग भिड़

गोपालगंज/कुचायकोट:- कुचायकोट प्रखंड के भाठवा मोड़ स्थित रजनीश कोचिंग सेंटर के प्रांगण में 16 जनवरी के दिन के साढ़े ग्यारह बजे से शिक्षा सुरभि फाउंडेशन के द्वारा विशिष्ट सम्मान सह अर्पण समारोह के आयोजन कईल गईल बा। कार्यक्रम के आयोजक कुचायकोट प्रखंड के उप प्रमुख माया देवी के पति मनोज कुमार तिवारी बतवले कि ऐह कार्यक्रम में क्षेत्र भर के शिक्षाविद लोग के साथे कईगो गणमान्य लोग के जुटान होई । ऐह मौका पर शिक्षा के वर्तमान समय पर गोष्टी के आयोजन कईल गईल बा । कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के तौर पर स्थानीय विधायक अमरेंद्र कुमार पांडेय उर्फ पप्पु पांडेय अउरी बैकुंठपुर के विधायक मिथलेश तिवारी बाड़े । जबकि विशिष्ट अतिथि के रूप में जिला परिषद अध्यक्ष मुकेश कुमार पांडेय औरी भाजपा के जिला उपाध्यक्ष रविप्रकाश मणि त्रिपाठी बाड़े। कार्यक्रम के तैयारी काफी जोड़ -सोड. के साथे चल रहल बा। कार्यक्रम के सफल बनावे खातिर क्षेत्र के सामाजिक कार्यकर्ता मंजीत त्रिपाठी शिक्षाविद सतीश चंद्र मिश्र पूरा जोड़ सोड. के साथे लागल बाड़े । निमंत्रण कार्ड क्षेत्र में बाटल जा रहल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *