BREAKING NEWS
Search

बरौली प्रखंड के शिक्षक के सड़क दुर्घटना में मौत

गोपालगंज : बरौली थाना क्षेत्र के देवापुर के लगे  मंगलवार के  शाम एनएच 28 पर एगो  कार के  चपेट में अईला  से एगो बाइक सवार शिक्षक के  मौत हो गईल बा । हदसा के  सूचना मिलला  पर मौका  पर पहुंचल  पुलिस  शिक्षक के शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम करावे खातिर  सदर अस्पताल भेज देहुए । हादसा  के बाद कार चालक कार छोड़के  फरार हो गईल । कार के  जब्त कर पुलिस मामला  के  जांच पड़ताल कर रहल बा ।घटना के बारे में बतावल जा रहल बा  कि सिधवलिया थाना क्षेत्र के शेर गांव निवासी धुरेंद्र साह बरौली प्रखंड के खजुरिया हाई स्कूल में शिक्षक के पद पर तैनात रहले ह । मंगलवार के उ मानव श्रूखला के लेके आयोजित बैठक में शामिल होखे खातिर  प्रखंड मुख्यालय बरौली गईल रहुअन। बैठक के बाद उ  शाम के  बाइक से अपना  घरे  जात रहुअन । अभी उ  देवापुर गांव के लगे  पहुंचल  ही रहुअन  कि एनएच 28 पर तेज गति से जा रहल  एगो  कार से बाइक से टक्कर हो  गउए । ऐह  हादसा  में बाइक सवार शिक्षक के  मौका  पर ही मौत हो गउए । हादसा के   सूचना मिलला  पर मौका  पर पहुंचल पुलिस  शिक्षक के शव के अपना कब्जा में लेके  पोस्टमार्टम खातिर सदर  अस्पताल भेज देहुए । बतावल जा रहल बा कि हादसा  के बाद कार चालक कार छोड़ के फरार हो गउए । पुलिस कार के  जब्त कर फरार चालक के  तलाश कर रहल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *