BREAKING NEWS
Search

अगर 15 जनवरी तक शिक्षक लोग के मांग पूरा ना होई तब मानव श्रृंखला के बहिस्कार करिहे शिक्षक

गोपालगंज : अगर शिक्षक लोग के  मांग पूरा ना होई तब शिक्षक लोग 19 जनवरी के बने वाला मानव श्रृंखला के  बहिष्कार करिहे । मंगलवार के  शहर के जादोपुर रोड स्थित प्राथमिक शिक्षक संघ के सभागार में बिहार पंचायत नगर प्रारंभिक शिक्षक संघ के  बैठक में एकर  निर्णय लिहल गईल । बैठक के  संबोधित करत बिहार पंचायत नगर प्रारंभिक शिक्षक संघ के प्रदेश अध्यक्ष आनंद कौशल सिंह कहले कि बिहार सरकार के  मांग पत्र सौंपल गईल बा । अगर सरकार शिक्षक संघ के  मांग के 15 जनवरी तक पूरा नईखे  करत तब  शिक्षक 19 जनवरी के बने वाला मानव श्रृंखला के  बिहष्कार करिहे ।ओहिदिने सगरी  शिक्षक लोग आपन –आपन विद्यालय के  भी बंद रखिहे । उ कहले  कि सरकार चाहत बा कि हमनी के सगरी काम करी जा । बाकिर हमनी के  हित में कवनो  कार्य सरकार नईखे  करत । अपना  संबोधन में प्रदेश सचिव विपिनबिहारी भारती कहले  कि अगर शिक्षक संघ के  मांग के सरकार पूरा नईखे  करत तब  फरवरी में सामूहिक रूप से शिक्षक अपना –अपना  विद्यालय में तालाबंदी कर हड़ताल करिहे । बैठक में जिला संयोजक प्रकाश नारायण, सुरेश सिंह, कमलेश कुमार, सतेंद्र कुमार, वीरेंद्र कुमार, विनीता गुप्ता, कमलेश्वर प्रसाद, नीरज कुमार सिंह, रजनीश कुमार, विजय कुमार, अख्तर हुसैन, दुर्गा प्रसाद, यूसुफ अशरफ, हरिलाल प्रसाद, रमेश कुमार पाल सहित काफी संख्या में शिक्षक मौजूद रहले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *