BREAKING NEWS
Search

देश के रक्षा करत मे शहीद भईले कुशीनगर जिला के दुदही के लाल

रिपोर्टर- राकेश खरवार

कुशीनगर/ जिला के दुदही गांव के  लाल शहीद हो गईल बाड़े । उनकरा शहीद भईला के  सूचना मिलते क्षेत्र में कोहराम मच गईल ।परिजन लोग में  चित्कार  मच गईल बा  । रउरा लोग के बता दिहल जाव  कि दुदही विकासखंड के ग्राम पंचायत दुमही निवासी राजबल्लभ चौरसिया के पुत्र चंद्रभान चौरसिया उम्र 26 वर्ष सीआरपीएफ में तैनात रहले ह  ‌। इनकर ड्यूटी कुपवाड़ा के लगे लागल रहल हवे  । पिछलका  रात अचानक बर्फबारी के  चपेट में अईला  से सुरक्षा में तैनात सेना के जवान दबा गउअन जईमें   दुदही के  लाल चंद्रभान चौरसिया भी शामिल रहुअन ।सुबह सेना के अधिकारी लोग  चंदभान चौरसिया के शहीद भईला के   सूचना मोबाइल से परिजन लोग के देहुए लोग . देखते – देखते  दुदही के  लाल के शहीद भईला  के खबर क्षेत्र में आग के  तरह फईल गउए । औरी क्षेत्र में कोहराम मच गउए  परिजन लोग के  चीत्कार से गांव के  माहौल गमगीन हो गउए  ।हजारों के  संख्या में लोग शहीद के गांव स्थित आवास पर इकट्ठा हो गईला बा . उपस्थित लोग  नियति के ऐह  क्रूरता पर ईश्वर के  कोसत नजर अउए ।ग्राम प्रधान राम बिहारी राय ,डायरेक्टर सतेंद्र शुक्ला उर्फ गुड्डू शुक्ला, जितेंद्र गुप्ता, हरकेश रावत, उमेश आर्य, हरिवंश, चिन्नू तिवारी, बाबा नंद प्रसाद ,पारस प्रसाद सहित हजारों के  संख्या में क्षेत्रीय लोग गांव में पहुंच के  पीड़ित परिवार के  ढांढस बढ़ाके  औरी  हर संभव मदद करे के  आश्वासन देहुए लोग ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *