BREAKING NEWS
Search

बिहार में OBC वर्ग के लोग के भी अब मिली मुख्यमंत्री उद्यमी योजना, उद्योग लगावे खातिर मिली 10 लाख; नीतीश कुमार कईले घोषणा

पटना  अनुसूचित जाति व अनुसूचित जनजाति वर्ग के लोग खातिर  चल रहल  मुख्यमंत्री उद्यमी योजना के  लाभ अब अति पिछड़ा वर्ग के लोग के भी मिली । अब ऐह  वर्ग खातिर बहुते जल्दी ऐह  योजना के  ले विधिवत निर्णय लिहल जाई । मुख्यमंत्री नीतीश कुमार  शुक्रवार के ऐह बात के ऐलान  राजधानी स्थित एसके मेमोरियल हॉल में जननायक कर्पूरी ठाकुर के  96वीं जयंती पर जदयू के अति पिछड़ा प्रकोष्ठ द्वारा आयोजित कार्यक्रम में कईले । उ कहले  कि ऐह  योजना पर निर्णय ले लिहल गईल बा।

10 लाख रुपया  के ऋण में पांच लाख अनुदान के रूप में

मुख्यमंत्री उद्यमी योजना के तहत युवा उद्मी लोग के 10 लाख रुपया के  ऋण नया  उद्योग के  स्थापना करे खातिर मिली । जईमें पांच लाख रुपया  सरकार के अनुदान के तौर पर होई  औरी  शेष पांच लाख रुपया  के ऋण पर ब्याज ना लागी ।

प्रशिक्षण भी सरकार  के द्वारा करावल जाई

मुख्यमंत्री  कहले  कि उद्यमी जे  उद्योग लगावे के चाहत बा , ओकरा खातिर प्रशिक्षण भी उपलब्ध करावल जाई । सरकार के स्तर पर प्रशिक्षण के  व्यवस्था कईल जाई । 11वीं के बाद मिले वाला छात्रवृत्ति में अभिभावक के  आय सीमा भी बढ़ावल जाई । मुख्यमंत्री ऐह मौका पर भी ऐलान कईले  कि 11वीं के बाद तकनीकी शिक्षा जईसे  इंजीनियरिंग व प्रबंधन आदि के  पढ़ाई के खातिर जवन  छात्रवृत्ति दीहल जात रहल हवे , ओकरा  तहत अब  अभिभावक लोग के  वार्षिक आय सीमा के  बढ़ाके  ढाई लाख कर दिहल जाई । वर्तमान में ई  डेढ़ लाख रुपया बा । 

चुनाव के पहिले पूरा होई  हर घर नल जल योजना

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले  कि बिहार विधानसभा चुनाव के पहिले  हर घर नल  जल के तहत सगरी  घर में नल के  जल पहुंचावे के  काम पूरा कर लिहल जाई । एही  तरह, सगरी  पंचायतों में नौवीं तक के  पढ़ाई के  इंतजाम अप्रैल तक पूरा हो जाई । 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *