BREAKING NEWS
Search

बरेली के मेडिकल कालेज में आग लगला से पटना के छात्रा के मौत

बरेली । उत्‍तर प्रदेश  के बरेली में पटना के  एगो  मेडिकल छात्रा  जिंदा जल गईली । मृतक छात्रा बरेली के एसआरएमएस मेडिकल कॉलेज  में एमबीबीएस के  इंटर्न रहली हवे । दुर्घटना उनकरा  गर्ल्स पीजी हॉस्टल  में आधी रात के  आग लगला  के चलते भईल बा । उनकरा साथे उनकर  रूम मेट भी बुरी तरह झुलस गईल बाड़ी , जेकर  हालत गंभीर बतावल  जा रहल बा I जानकारी के अनुसार बरेली के भोजीपुरा थाना क्षेत्र स्थित एसआरएमएस मेडिकल कॉलेज के पीजी गर्ल्स हॉस्टल में सबेरे पहिले  करीब तीन बजे अचानक आग लाग  गईल । आग एमबीबीएस इंटर्न के  छात्रा  सुकीर्ति शर्मा  रितिका  के कमरा  में लागल । दुर्घटना में जबतक सुकीर्ति व रितिका संभलतीं, देर हो चुकल रहुए । सुकीर्ति के ओहिजा  जिंदा जल के  मौत हो गईल । जबकि, रितिका बुरी तरह झुलस गईली ।

पटना के रहेवाली  बाड़ी  मृतक एमबीबीएस इंटर्न

एसआरएमएस मेडिकल कॉलेज में एमबीबीएस इंटर्न रहल  सुकीर्ति पटना के एसके पुरी स्थित सहजानन्द पथ नार्थ के रहेवाली बाड़ी । उनकर  पिता नाम के नाम  सूरज शर्मा बा । घटना के  जानकारी मिलला  पर मृतक छात्रा के पटना स्थित घर पर माहौल गमगीन बा ।

दुर्घटना के कारण के लेके कयास जारी, जांच शुरू

दुर्घटना कईसे भईल एकर अभी तक पता नईखे चल पावल । हालांकि, एकरा संबंध में कयास लगावल  जा रहल बा  कि दुनु  छात्रा लोग अपना कमरा  में हीटर ऑन कर के सुतल रहुए लोग जवना से आग लाग गईल होई । वईसे , आग लगला  के कारण के  जांच कईल  जा रहल बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *