BREAKING NEWS
Search

शरजील के जहरीला बोल पर एकजुट भईल सियासत, सभे कहल – देशद्रोही पर कार्रवाई करे सरकार

पटना । जवाहरलाल नेहरू विश्‍वविद्यालय  के छात्र शरजील इमाम के देशद्रोही बयान के लेके बिहार में सियासी बयानबाजी शुरू हो गईल बा । सगरी  सियासी पार्टी एक स्वर में देशद्रोही के  खिलाफ कड़ी कार्रवाई करे के चाह रहल बा । बिहार के जहानाबाद के मूल निवासी शरजील के पिता अकबर इमाम  सत्‍ताधारी जनता दल यूनाइटेड (JDU) के नेता रहल बाड़े एकरा साथे उनकर  भाई जहानाबाद से पूर्व सांसद अरुण कुमार के  करीबी मानल जा रहल बाड़े । हालांकि, जेडीयू भी उनकरा  खिलाफ कार्रवाई के  मांग कईले बा ।

देशविरोधी बयान से भड़कल  विवाद, एफआइआर दर्ज

 शरजील इमाम  बीते  दिन अलीगढ़ मुस्लिम विश्‍वविद्यालय (AMU) में दिहल अपना  भाषण में असम के  शेष भारत से  अलग करे के बात  कहले बाड़े । उ कहले कि असम के  काटल  हमार जिम्मेदारी बा ।

केसी त्‍यागी  बतवले  उत्‍तेजना फईलावे  वाला विध्‍वसंक बयान

शरजील इमाम के भाषण पर प्रतिक्रिया देत  जेडीयू के राष्‍ट्रीय महासचिव केसी त्‍यागी कहले कि उत्‍तेजना फईलावे  वाला विध्‍वंसक बयान बा । उ कहले  कि एहिसे  शांतिपूर्ण आंदोलन  भी बदनाम हो रहल बा । पार्टी प्रवक्ता राजीव रंजन  भी शरजील पर कड़ी कार्रवाई के  मांग कईले ।

यह भी पढ़ें

आरके सिन्‍हा कहले : देश के खिलाफ साजिश बर्दाश्‍त ना होई

सरजील इमाम के बयान के  देशद्रोही बतावत भारतीय जनता पार्टी  के आरके सिंह  कहले कि देश के  एकता व अखंडता  के खिलाफ साजिश बर्दाश्‍त ना कईल जाई । उ कहले  कि असम के  देश से अलग करे के  मांग कभी मोहम्‍मद अली जिन्ना  भी कईले रहले । उ शरजील जईसन  तत्‍व के  भारत विरोधी ताकत  से धन व समर्थन मिले के आरोप लगवले बाड़े । शाहीनबाग के आंदोलन पर भी टिप्‍पणी करत  कहले ओहिजा बईठल लोग चाहत बा  कि भारत धर्मनिरपेक्ष ना रहो । बीजेपी के राकेश सिन्‍हा भी कहले  कि असम के  जिन्‍ना भी पाकिस्‍तान में शामिल करे के  चाहत रहले ।

कांग्रेस के ओर से भी भईल कड़ी निंदा  

कांग्रेस भी शरजील के भाषण के  देशद्रोही बतवले बा । कांग्रेस के प्रवक्ता राजेश राठौर अपना   प्रतिक्रिया में कहले  कि अईसन  बयान के कवनो धर्म या सम्प्रदाय से जोड़ के ना देखे के चाही । असम देश के अखंड भाग हवे ,एकरा के  अलग करे के बात करे वाला   के खिलाफ सख्त करवाई होखे के चाही । असम त बहुत बड़का चीज बा , हम देश के  एक इंच भूमि भी नाही देब। 

आरजेडी के  मांग: कड़ी कार्रवाई करो  सरकार

राष्‍ट्रीय जनता दल  के प्रवक्ता भाई वीरेंद्र भी कहले  कि अईसन  देश विरोधी बयान के  पार्टी विरोध कर रहल बा ।  शरजील इमाम के खिलाफ राज्‍य व केंद्र के  सरकार के  कड़ी करवाई करे के चाही ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *