BREAKING NEWS
Search

बिहार में देशद्राेेेह के आरोपित शरजील गिरफ्तार, ट्रांजिट रिमांड पर लेके गईल दिल्‍ली पुलिस

पटना: देशद्रोह अउरी  भड़काऊ भाषण देबे वाला  जहावर लाल नेहरू विश्‍वविद्यालय  के छात्र शरजील इमाम के  दिल्‍‍‍‍ली पु‍लिस औरी बिहार पुलिस के मदद से बिहार के जहानाबाद स्थित काको थाना क्षेत्र के एगो मस्जिद से मंगलवार के गिरफ्तार कर लिहल गईल । ऐ देशद्रोही के  छह राज्य के पुलिस तलाश रहल हवे। दिल्‍ली पुलिस ओकरा के लेके  जहानाबाद के मुख्‍य न्‍या‍यिक दंडाधिकारी के  कोर्ट से 36 घंटा के ट्रांजिट रिमांड  पर लेके  जहानाबाद से प्रस्‍थान कर चुकल बा  । दिल्‍ली व बिहार पुलिस के  कड़ी सुरक्षा में ओकरा के पटना लेके आवल जा रहल बा । ओने ऐह मामला पर  सीएम नीतीश कुमार  कहले  कि गलत करे वाला लोग जरुर  भुगती । उ कहले  कि ऐह  तरह देश के खिलाफ दिहल जाए वाला बयान गलत  बा , कानून आपन करी ।एने , पुलिस मुख्‍यालय के एडीजी जितेंद्र कुमार बतवले  कि बिहार औरी  दिल्‍ली पुलिस  शरजील के  गिरफ्तारी के रूप में बड़हन  सफलता मिलल बा । 25 जनवरी के  ही दिल्‍ली पुलिस बिहार आ गईल रहे । उ  बिहार पुलिस से सहयोग मगले रहे । कोर्ट भी  शरजील के  ट्रांजिट रिमांड पर दिल्‍ली पुलिस के  सौंप देहले बा । अब उनकरा के  दिल्‍ली ले जाईल जाई ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *