BREAKING NEWS
Search

बिहार में नियोजित शिक्षक लोग के ऐलान, 17 फरवरी से जईहे हड़ताल पर; मैट्रिक-इंटर परीक्षा के करी लोग बहिष्‍कार

पटना। बिहार में 17 फरवरी से हड़ताल पर जईहे  शिक्षक। जईमें नियोजित औरी  नियमित दुनु  शिक्षक शामिल होंइहे । खास बात बा  कि ओही  दिन से बिहार में मैट्रिक परीक्षा शुरू हो रहल बा  । मैट्रिक परीक्षा खत्‍म भईला  पर इंटरमीडिएट के  परीक्षा शुरू होई । ऐसे में मैट्रिक औरी  इंटरमीडिएट के  परीक्षा पर ऐह  हड़ताल के  सीधा असर पड़ी । एतने  ही ना , 17 फरवरी से जहां प्राइमरी औरी  मिडिल स्‍कूल के शिक्षक हड़ताल पर जईहे , ओने इहो कहल  जा रहल बा  कि 25 फरवरी से हाईस्‍कूल के शिक्षक भी हड़ताल पर जईहे । बतावल जा रहल बा कि हड़ताल पर जाए के  निर्णय बिहार राज्‍य शिक्षक संघर्ष समन्‍वय समिति  लेहले बा । संघ के नेता लोग मंगलवार के  पटना के एक्जिबिशन रोड स्थित कार्यालय में बैठक भईल । बैठक में ही निर्णय लिहल गईल कि अपना  मांग के लेके  नियोजित औरी  नियमित, दुनु  शिक्षक हड़ताल पर जईहे .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *