BREAKING NEWS
Search

महेंद्र महिला कॉलेज में हंगामा, परीक्षार्थी कईले तोड़फोड़, प्रथम पाली के परीक्षा भईल रद्द

गोपालगंज : शहर के महेंद्र महिला कॉलेज में एसटीईटी परीक्षा देबे आईल परीक्षार्थी लोग के प्रश्न पत्र विलंब से देहला के  आरोप लगाके जमके हंगामा कईल । ऐह  दौरान तोड़फोड़ करत परीक्षार्थी लोग कुर्सी टेबुल के भी क्षतिग्रस्त कर दिहल लोग । परीक्षार्थी लोग प्रश्न पत्र लिक करे औरी एक कमरा  में बईठाके  कुछ परीक्षार्थी के  नकल करावे के  भी आरोप लगवले बा लोग । हंगामा के  सूचना मिलते ही जिलाधिकारी अरशद अजीज, पुलिस अधीक्षक मनोज कुमार तिवारी, एसडीओ उपेंद्र कुमार पाल, एसडीपीओ नरेश पासवान पुलिस के साथे  मौका  पर पहुंच गईल लोग । ऐह दौरान पुलिस हल्का बल प्रयोग कर परीक्षार्थी लोग के  तितर बितर कर देहलस । एही  बीच डीएम साहेब पहुँच गईले डीएम साहेब पहुँचते ही   हंगामा शांत कराके परीक्षार्थि लोग के परीक्षा देबे खातिर काफी समझवले । बाकिर परीक्षार्थी लोग  परीक्षा देबे खातिर  तैयार ना भईल । जवना के  देखते हुए जिलाधिकारी पहली पाली के  परीक्षा रद करे के  घोषणा कईले । हालांकि दूसरी पाली में परीक्षा शांतिपूर्ण माहौल में संपन्न भईल ।

बतावल  जाता कि एसटीईटी परीक्षा खातिर  शहर के डीएवी प्लस टू स्कूल, एसएस बालिक प्लस टू स्कूल, महेंद्र महिला कॉलेज, वीएम इंटर कॉलेज तथा कमला राय महाविद्यालय के  परीक्षा केंद्र बनावल गईल रहल हवे। मंगलवार के  पहली पाली में परीक्षा देबे  शहर के महेंद्र महिला कॉलेज में नौ सौ परीक्षार्थी पहुंचल रहुअन। पहली पाली के परीक्षा सुबह दस बजे शुरू भईला  के कुछ देर बाद ही परीक्षार्थी प्रश्न पत्र विलंब से देबे के  आरोप लगावत हंगामा करे लगले । परीक्षार्थी लोग के आरोप रहुए कि प्रश्न पत्र लिक कईल गईल बा , सील पहिलही से टूटल बा  औरी एगो  कमरा  मे कुछ परीक्षार्थी लोग के  बैठाके  नकल करावल  जा रहल बा । हंगामा कर रहल  आक्रोशित परीक्षार्थी देखते ही देखते तोड़फोड़ करे लगले । परीक्षार्थी लोग  कुर्सी टेबुल तोड़ देहुए । एही  बीच सूचना मिलते ही जिलाधिकारी अरशद अजीज, पुलिस अधीक्षक मनोज कुमार तिवारी, एसडीओ उपेंद्र कुमार पाल, एसडीपीओ नरेश पासवान पुलिस बल के साथे  मौका  पर पहुंच गईले । जिलाधिकारी  हंगामा के  शांत करावत परीक्षार्थी लोग से परीक्षा देबे खातिर काफी समझवले बाकिर परीक्षार्थी परीक्षा देबे खातिर राजी ना भईले। जवना के  देखते हुए जिलाधिकारी  पहिलके  पाली के  परीक्षा रद करे के  घोषणा कईले । हालांकि दूसरी पाली में परीक्षा शांतिपूर्ण माहौल में संपन्न भईल ।

हंगामा करे वाला लोग के  चिन्हित कर दर्ज होई केस

गोपालगंज : महेंद्र महिला कॉलेज में एसटीईटी परीक्षा के दौरान हंगामा औरी तोड़फोड़ करे वाला परीक्षार्थी लोग के  चिन्हित करे के काम पुलिस शुरू कर देहले बा । हंगामा करे वाला के चिन्हित करे खातिर  पुलिस कॉलेज परिसर में  लागल  सीसी कैमरा  के फुटेज के  खंगाल रहल बा । एकरा  संबंध मे जिलाधिकारी अरशद अजीज  बतवले  कि हंगामा करे वाला के चिन्हित कर ओकरा  खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावे के आदेश केंद्राधीक्षक के  दिहल गईल बा।

औरी  केंद्र पर शांतिपूर्ण माहौल में भईल  परीक्षा

गोपालगंज : महेंद्र महिला कॉलेज में परीक्षार्थी लोग के हंगामा के बीच मंगलवार के अउरी परीक्षा केंद्र पर शांतिपूर्ण माहौल में एसटीईटी  के परीक्षा संपन्न हो गईल । मंगलवार के सबेरे से ही एसटीईटी परीक्षा में शामिल होखे वाला पांच हजार दो सौ परीक्षार्थी शहर के डीएवी प्लस टू स्कूल, एसएस बालिक प्लस टू स्कूल, महेंद्र महिला कॉलेज, वीएम इंटर कॉलेज औरी कमला राय महाविद्यालय में बनावल गईल  परीक्षा केंद्र पर पहुंचे  लगले । परीक्षा केंद्र में प्रवेश करे  के पहिलही सगरी परीक्षार्थी के  गेट पर ही तलाशी लीहल  गईल । कुछ परीक्षाथी  के देर से पहुंचला  पर उनकरा लोग के  परीक्षा केंद्र में प्रवेश ना करे दिहल गईल । परीक्षा शुरू होखे  के कुछ देर बाद ही महेंद्र महिला कॉलेज में परीक्षाथी लोग  हंगामा कईल  शुरू कर दिहल । जवना के  कारण ऐह  केंद्र में पहिलका  पाली के  परीक्षा रद कर दीहल  गईल । हालांकि दूसरका  पाली में परीक्षा शांतिपूर्ण माहौल में संपन्न भईल । ओने डीएवी प्लस टू स्कूल, एसएस बालिक प्लस टू स्कूल, वीएम इंटर कॉलेज – कमला राय महाविद्यालय में दुनु  पाली में परीक्षा शांतिपूर्ण ढंग से संपन्न हो गईल । डीएवी प्लस टू स्कूल में एक हजार, एसएस बालिक प्लस टू स्कूल में 11 सौ, वीएम इंटर कॉलेज में एक हजार –  कमला राय महाविद्यालय में 1188 परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल भईले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *