BREAKING NEWS
Search

कटेया थाना में पांचगो पियक्कड़ समेत कुल छःगो आरोपित गिरफ्तार

कटेया। स्थानीय थाना के  पुलिस अलगे- अलगे जगहा पर छापेमारी कर के  पांचगो पियक्कड़ सहित छह लोग के   गिरफ्तार कर लेहले बा । कुइसा शांति मोड़ पर वाहन जांच के दौरान शराब के नशा  में दुगो  लोग के गिरफ्तार कईल गईल । जईमें मिश्रौली गांव निवासी बुधन भर व कोइसा खुर्द निवासी रंजीत राम शामिल बाड़े ।  ओने बनकटा चेकपोस्ट पर यूपी के  तरफ से बाइक से आ रहल दुगो  पियक्कड़ के   गिरफ्तार कईल गईल । जईमें कटेया  थाना  के बगही निवासी शफी आलम व भोपतपुर निवासी इंदल चौधरी शामिल बाड़े । तलाशी लेहला  पर इनकरा लोग के  पास से दु  बोतल विदेशी शराब बरामद भईल । एही  दौरान एगो  व्यक्ति पुलिस के देखते भागे लगुए । भागत व्यक्ति के  पुलिस  पकड़ के जईसे  जांच करुए तबही उहो  शराब पीयले रहुए । गिरफ्तार पियक्कड़ एही थाना  के रानीपुर निवासी विंध्याचल मंडल बतावल गईल बाड़े । ओने  डेरवा में वाहन जांच के क्रम में एगो औरी मामला में आरोपित के गिरफ्तार कईल गईल । गिरफ्तार आरोपित गोपालपुर थाना  के तुला छापर गांव निवासी मदन सिंह बतावल गईल बाड़े।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *