BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज :- शिक्षा के मंदिर बनल मौत के अड्डा, देवापुर हाईस्कूल के कमरा से नौंवी के छात्रा के मिलल शव

गोपालगंज :- शिक्षा के मंदिर जहवा से छात्र -छात्रा लोग शिक्षा लेके उच्च ओहदा पर जाला । बाकिर अब शिक्षा केन्द्र दरिंदगी अउरी मौत के अड्डा बनते जा रहल बा। पिछलका महीना सिवान के सिसवन में एगो कोचिंग सेंटर में जहवा एगो छात्रा के साथे सामुहिक रेप के घटना के अंजाम दिहल गईल रहे । जवना घटना के बाद से शिक्षा के मंदिर कलंकित हो गईल रहे ।जबकि आज सबेरे ही गोपालगंज के बरौली थाना के देवापुर हाइस्कूल में नौवीं कक्षा के छात्रा के हत्या कर दीहल गईल . वारदात के बाद सोमवार शाम छात्रा के शव उनकरा क्लास रूम में मिलल . मृतक छात्रा देवापुर गांव निवासी लालबाबू पटेल के पुत्री प्रियंका कुमारी रहली ह . वारदात के सूचना पाके पहुंचल पुलिस शव के अपना कब्जा में पोस्टमार्टम खातिर भेज देहले बा . घटना के बारे परिजन लोग बतावल कि छात्रा सोमवार के स्कूल में पढ़े गईल रहुई। छात्रा के क्लास रूम दु मंजिला पर रहुए । स्कूल के छुट्टी भईला के बाद सगरी छात्र -छात्रा लोग अपना -अपना घरे पहुंच गउए , लेकिन छात्रा अपना घरे ना पहुंचली , तब परिजन लोग खोजबीन शुरू देहुए लोग । देर शाम तक परिजन खोजबीन करत स्कूल में पहुंचुए लोग जहवा स्कूल के कमरा में ही छात्रा के शव फर्श पर मिलुए । घटना के बाद से पूरा इलाका में कई तरह के चर्चा हो रहल बा । ओने पुलिस मोबाइल लोकेशन सहित कईगो महत्वपूर्ण बिंदु पर जांच पड़ताल रहल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *