BREAKING NEWS
Search

कार्यकर्ता लोग के मान-सम्मान के साथे कबो ना होई समझौता – राजेश सिंह कुशवाहा

गोपालगंज। शहर स्थित राजद के जिला कार्यालय पर मंगलवार के  एगो  समारोह के  आयोजन कईल  गईल । जईमें राजद नेता लोग व  कार्यकर्ता लोग  के द्वारा नवनिर्वाचित जिलाध्यक्ष राजेश सिंह कुशवाहा व प्रधान महासचिव इम्तेयाज अली भुट्टो के स्वागत कईल गईल । समारोह के  अध्यक्षता राजद के वरिष्ठ नेता महंत सत्यदेव दास कईले  अउरी  संचालन पिंटू पांडेय  कईले । समारोह में जिलाध्यक्ष राजेश सिंह कुशवाहा कहले  कि राजद सुप्रीमो के द्वारा जवन  जिम्मेवारी मिलल बा ओकरा के हम पूरा  निष्ठा के साथे  निभावत  पार्टी के  मजबूत करे के  काम करब । उ आगे कहले  कि पार्टी के रीढ़ कार्यकर्ता होखेले । कार्यकर्ता लोग के  के मान-सम्मान के साथे कबो  समझौता ना होई । जबकि प्रधान महासचिव इम्तेयाज़ अली भुट्टो कहले  कि इ  चुनावी वर्ष हवे । हमरा  के  प्रदेश नेतृत्व जवन  जिम्मेवारी सौंपले बा ओकरा के हम  पूरी निष्ठा के साथे  निभावे खातिर प्रयास करब । मौका  पर राजद नेता सुरेन्द्र राम महान, प्रेम शंकर यादव, सुरेश यादव, कंचन प्रसाद, अब्दुल सत्तार, मो कासिम, राजा राम मांझी, अरुण सिंह, सुनीता यादव, सुरेश चौधरी, फ़ैज़ अकरम, संजीव सिंह, विशाल यादव, संतोष यादव, सुनील कुमार बारी, राज कुमार कुशवाहा, प्रदीप राय, विरुलाल मांझी व विनोद साह आदि मौजूद रहल लोग । जबकि ओने दुसरका ओर फुलवरिया से एगो  संवाददाता के अनुसार स्थानीय प्रखंड के रामपुर कला गांव निवासी पूर्व विधायक स्व. प्रभुदयाल सिंह के भतीजा  राजद के वरिष्ठ नेता राजेश कुमार सिंह कुशवाहा के  प्रखंड राजद अध्यक्ष प्रोफेसर अली अकबर अंसारी के नेतृत्व में सीवान गोपालगंज के  सीमा पर स्वागत कईल गईल । मौका  पर मनोज कुमार सिंह, रामायण सिंह, रघु यादव, वाल्मीकि प्रसाद श्रीवास्तव, अरुण कुमार सिंह, अर्जुन प्रसाद, बुलेट यादव, सफदर अली अंसारी, दिलीप कुमार बैठा, मूसा यादव, प्रखंड युवा राजद अध्यक्ष अभिषेक कुमार अभय आदि लोग उपस्थित रहल I




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *