BREAKING NEWS
Search

बॉक्‍स ऑफिस पर लैला बनके भोजपुरी हीरोइन अक्षरा मचवली धमाल

फिल्म गाना :- भोजपुरी इंडस्‍ट्री के सबसे चर्चित हीरोइन अक्षरा सिंह के  जादू भोजपुरिया दर्शक लोग  पर खूब देखे के  मिल रहल । हाल ही में रिलीज भईल  उनकर  फिल्‍म ‘लैला मजनू’ जवन फरवरी के दुसरका  सप्ताह में   रिलीज भईल बा , ओकर  सगरी  शो हाउसफुल चल रहल बा । रउरा लोग के बता दिहल जाव  कि जवना  तरह सगरी  डिजिटल प्‍लेटफॉर्म पर उनकरा के चाहेवाला लोग ज्यादे संख्या में बा , कुछ ओहिसने  ही प्‍यार उनकरा के  बॉक्‍स ऑफिस पर भी मिल रहल बा । इहे वजह बा  कि अक्षरा के  फिल्‍म ‘लैला मजनू’  के देखे वाला लोग के सिनेमा घर में भारी भीड़ हो रहल बा । ‘लैला मजनू’  के  बात कईल जाव तब फिल्म में लैला के किरदार में अक्षरा दर्शक लोग के  खूब भा रहल बाड़ी  । फिल्‍म में मजनू के किरदार में सुपर स्‍टार प्रदीप पांडेय चिंटू बाड़े । दुनु लोग के जोड़ी खूब जम रहल बा। फिल्‍म के गाना  भी बेहतरीन  बा अउरी संवाद भी दर्शक लोग  से बातचीत करे वाला  बा । 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *