BREAKING NEWS
Search

बहुजन समाज के बेरोजगारी के दर्द से जूझ रहल लोग खातिर मरहम साबित होई – मुख्यमंत्री उद्यमी योजना

–    नया रोजगार शुरू करे खातिर एससी, एसटी, अउरी अतिपिछडा वर्ग के बेरोजगार युवक लोग के बिहार  सरकार दे रहल बा 10 लाख के आर्थिक मदत

–    5 लाख अनुदान औरी 5 लाख के  सूदरहित ऋण

–    ढाई लाख की वार्षिक आमदनी वाला बेरोजगार युवक ले सकत बाड़े योजना के लाभ

–    सात साल के क़िस्त में लौटावे के बा कुल लोन के आधा राशि  

(सत्येन्द्र कुमार सिंह, ब्यूरो चीफ बिहार )

बिहार – आज पूरा देश जहवा बेरोजगारी के दौर से गुजर रहल बा . बिहार में भी सबसे ज्यादा बेरोजगारी बा .बाकिर बिहार के मुख्यमंत्री नितीश कुमार जी के उद्यमी योजना के पहल बेरोजगार युवक लोग खातिर एगो बहुत बड़का मरहम बा .  मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के द्वारा  कर्पूरी ठाकुर के  जयंती पर आयोजित समारोह में अतिपिछडा  समाज खातिर दुगो बड़हन  घोषणा कईल गईल । जईमें मुख्यमंत्री अतिपिछड़ा उद्यमी योजना के  शुरुआत के घोषणा भईल . ऐह योजना के घोषणा से अतिपिछडा समाज के बेरोजगार युवक – युवती लोग में एगो उम्मीद के नया आस जागल बा ।एकरा  साथे  ही प्रवेशिकोत्तर छात्रवृत्ति लाभ अतिपिछड़ा समाज के ढाई लाख के  वार्षिक आय वाला लोग के भी मिल सकी । श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल में जदयू अतिपिछड़ा प्रकोष्ठ के ऐह  कार्यक्रम में भारी भीड़ के  संबोधित करत  मुख्यमंत्री  कहले  कि दु  साल पहिले  अनुसूचित जाति, जनजाति के लोग खातिर मुख्यमंत्री उद्यमी योजना लागू कईल गईल रहे । ऐह योजना के  तहत ऐह  समाज के लोग के  10 लाख के  मदद दीहल  जात रहल हवे । जईमें 5 लाख अनुदान औरी  5 लाख के  सूदरहित ऋण। अब इ  योजना अतिपिछड़ा लोग खातिर  भी लागू कर दिहल गईल बा । जे एहिमे आपन  रुचि देखाई ओकरा के मुफ्त में प्रशिक्षण भी दिहल जाई । कार्यक्रम में मुख्यमंत्री जी बतवनी  कि अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति औरी अतिपिछड़ा  के बच्चा लोग खातिर  प्रवेशिकोत्तर छात्रवृत्ति योजना चलावल  जा रहल बा । पर अभी तक  अतिपिछड़ा समाज के डेढ़ लाख सालाना आय वाला  परिवार के बच्चा लोग के  ही एकर  लाभ मिलत रहल हवे । अब एकरा के बढ़ाके ढाई लाख के  वार्षिक आमदनी वाला परिवार खातिर कर दिहल गईल बा ।

का हवे मुख्यमंत्री उद्यमी योजना 
उद्यमी योजना के तहत छोट उद्योग लगावे खातिर  युवा-युवती लोग के  बिहार  सरकार सहयोग कर रहल बा । जईमें कुल  पांच लाख तक के  अनुदान औरी  पांच लाख लोन दिहल जा सकत बा । लोन पर कवनो  ब्याज ना लागी । लोन मिलला  के छह महीना  बाद से 84 किस्त  में  लौटावे के प्रावधान बा । ऐह  योजना में चयनित युवा-युवती लोग के राज्य सरकार अपना  खर्च पर उद्योग से संबंधित प्रशिक्षण भी दे रहल बा ।  अभी  ई योजना अनुसूचित जाति-जनजाति वर्ग खातिर ही बिहार में लागू रहल हवे बाकिर अब अतिपिछड़ा समाज के भी ऐ योजना के लाभ मिली । ऐह  तरह के योजना शुरू करे  वाला बिहार संभवत: पहिलका  राज्य बा जहवा बेरोजगारी दूर करे खातिर सरकार के सबसे बढ़िया मरहम सिद्ध होई मुख्यमंत्री उधमी योजना ।

उद्यमी योजना के  पात्रता 
– लाभुक के  बिहार के  निवासी होखे के चाही
– कम-से-कम इंटरमीडिएट, आईटीआई, पोलिटेक्निक डिप्लोमा या समकक्ष उत्तीर्ण होखे के चाही
-18 वर्ष या एकरा से  अधिक उम्र होखे
– तीन किस्त में राशि दीहल जाई

आवेदन के  प्रक्रिया 
-विभाग की वेबसाईट startup.bihar.gov.in/CMSCSTUDYAMI/Default.aspx पर ऑनलाईन आवेदन देबे के होई
-विभाग के सचिव के  अध्यक्षता में चयन समिति छानबीन कर आवेदन स्वीकृत करी

अतिपिछड़ा प्रवेशिकोत्तर छात्रवृत्ति योजना 
ऐह  योजना के तहत मैट्रिक के बाद कवनो  भी तरह के  पढ़ाई करे खातिर  अतिपिछड़ा वर्ग के वईसन बच्चा लोग के  छात्रवृत्ति दीहल जा सकत बा , जेकरा  परिवार के सालाना आय डेढ़ लाख तक होखे । मुख्यमंत्री के  घोषणा लागू भईला  के बाद सालाना ढाई लाख तक के आय वाला  परिवार के बच्चा लोग एकर  लाभ मिल सकत बा । एकरा संबंध में विभाग के सचिव प्रेम सिंह मीणा  कहले  कि अभी ढाई लाख बच्चा लोग के ऐह  योजना के तहत छात्रवृत्ति दीहल  जा रहल बा। परिवार के  आय के  दायरा बढ़ला  से अब औरी  अधिक बच्चा लोग एकर  लाभ उठा सकी । बिहार में अतिपिछड़ा वर्ग के  आबादी करीब 27 प्रतिशत बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *