BREAKING NEWS
Search

लखराव शिवालय में हथुआ महारानी सपरिवार कईली जलाभिषेक

गोपालगंज। भोरे प्रखंड के लखराव स्थित ऐतिहासिक शिवालय में महाशिवरात्रि पर भगवान शिव के  जलाभिषेक हथुआ महारानी पूनम शाही अपना पूरा परिवार के साथे कईली । मंदिर पहुंचला  के बाद महारानी  हथुआ राज के  युवरानी विदिशा शाही अउरी  युवराज कौस्तुभ मणि प्रताप साही के साथे  विधि विधान से जलाभिषेक कईली । ऐह दौरान हथुआ महारानी व राज परिवार के सदस्य लोग के देखे खातिर आपपास के लोग के भीड़ जमा हो गईल । राज परिवार के सदस्य लोग के द्वारा बतावल गईल  कि हथुआ राज के पूर्वज लोग के द्वारा  लखराव स्थित शिवालय  के निर्माण करावल गईल बा । दशक  से महाशिवरात्रि के दिने हथुआ राज परिवार के लखराव शिवालय में जलाभिषेक करे के  परंपरा चलत  आ रहल बा । शुक्रवार के  महाशिवरात्रि पर हथुआ महारानी हथुआ राज के  युवरानी विदिशा साही  युवराज कौस्तुभ मणि प्रताप शाही के साथे  गाड़ीयन  के काफिला  के साथे  लखराव स्थित शिवालय पहुंचली । जहां हथुआ राज के  परंपरा के अनुसार पूजा अर्चना कर महारानी औरी राज परिवार के सदस्य लोग   भगवान शिव के जलाभिषेक कईल लोग । ऐह  दौरान महारानी तथा राज परिवार के सदस्य लोग के देखे खातिर हजारो के संख्या में लोग जुट गईल ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *