BREAKING NEWS
Search

हथुआ के बउरहवा शिव मंदिर, एहिजा कबो द्रोणाचार्य सावन में करावत रहले जलाभिषेक

इनार  से निकाल के कईल गईल रहे शिव लिंग के स्थापना

हथुआ राज द्वारा करावल गईल रहे  मंदिर के निर्माण 

बाबा के दर्शन मात्र से दूर हो जाला  कष्ट,पूरा होखेला  हर  मुराद

गोपालगंज / हथुआ:-

हथुआ के सटल  बड़ा कोईरौली गांव स्थित प्राचीन बउरहवा शिव मंदिर शिव  भक्त लोग के आस्था के  केन्द्र बनल बा . मान्यता बा की एहिजा  प्राचीन काल में सीवान जिला  के दरौली प्रखंड के दोन से द्रोणाचार्य सावन में जल चढ़ावे आवत रहले . ओह  समय शिव लिंग इनार में स्थापित रहे . श्रद्धालु  लोग के कहला के अनुसार हथुआ राज के समय मंदिर में स्थापित शिव लिंग  पहिले कुंआ में स्थापित रहे . बाकिर  राज के महारानी के सपना में बउरहवा बाबा  शिव लिंग  के स्थापना कुंआ से बाहर निकाल के करे के कहले रहनी . राज द्वारा कुंआ से शिव लिंग के  बाहर निकाल के  स्थापित कर मंदिर निर्माण करावल गईल . बाकिर ओह बेरा जब दिन में मंदिर के  निर्माण होखे औरी  रात में निर्माणधीन मंदिर गिर जात रहे . राज द्वारा कईगो  कुशल कारिगर लोग के  मंदिर निर्माण में लगावल गईल रहे . लेकिन निर्माणधीन मंदिर रात के  गिर ही जाव . बाद में बउरहवा बाबा  रानी के सपना  में कहनी  कि उ  मंदिर के  निर्माण मत करावस . ओकरा  बाद राज द्वारा शिव लिंग के चारों तरफ चहारदीवारी करा दीहल गईल .

हथुआ राज के  लोग के सहयोग से करावल गईल  मंदिर के  निर्माण

2005 में  स्थानीय लोग के द्वारा चंदा इकट्ठा कर मंदिर के निर्माण कईल गईल . जईमें हथुआ राज द्वारा बउरहवा शिव मंदिर में टाइल्स आदि लगावल गईल रहे . क्षेत्र के हजारों श्रद्धालु सावन माह में प्रत्येक सोमवार के  इटवां पुल से जल लेके  बउरहवा शिव मंदिर पर चढ़ावे ले .शिवरात्रि के दिने भी एहिजा हजारो के संख्या में भक्त लोग आवेला .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *