BREAKING NEWS
Search

मोतिहारी में एगो स्कूल मास्टर के हाथपैर बांध के जमके धुनाई, लागल बा गंभीर आरोप

तैयब हसन ताज,

मोतिहारी में एगो मास्टर के जमके धुनाई कईल गईल बा। शिक्षक के पिटाई के वीडियो भी बहुत तेजी से वायरल हो रहल बा। मास्टरजी पर गंदा काम करे के गंभीर आरोप लागल बा। पुलिस ई मामला के जांच के उचित कार्रवाई करे के बात कहले बा।

इ मास्टर संग्रामपुर थाना क्षेत्र के प्राथमिक विद्यालय श्यामपुर के बतावल जा रहल बाढ़ेन। बतावल जात बा कि मास्टर साहेब शुक्रवार के रात कोइरगवा गांव में केहू के घर मे घुसके गंदा काम करत पकड़ा गईलन। जहां के औरतन घर में ही मास्टर के पकड़के हाथ-पैर बांधके जमके पिटाई कईली। पिटाई के बाद गांव में पंचायती कके आरोपी मास्टर के छोड़ल गईल। उहवें गांव के लोग सोशल मीडिया में वीडियो वायरल क दिईले बाढ़ेन। वीडियो के लोग खूब ट्रोल क रहल बाढ़ेन।

रौवा से बतावतानी कि एकरा पहिले भी ई मास्टर विवादन घिराईल रहस। वहां के लोग के मुताबिक मास्टर के पास से शराब भी बरामद कईल जा चुकल बा। उहें विवाद के चलते ई मास्टर साहेब अब तकले तीन गो स्कूल से बाहर कईलय जा चुकल बाढ़ें। संग्रामपुर थाना प्रभारी बतावलें कि वीडियो अभी हमरो भी मिलल ह। मामला के जांच कईल जा रहल बा। जांच के बाद उचित कार्रवाई कईल जाई।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *