BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज में युवक के चाक़ू मारके हत्या , एगो आरोपित भईले गिरफ्तार

गोपालगंज. शहर में बुधवार के देर रात में एगो युवक के  चाकू मार के  हत्या कर दीहल गईल . वारदात नगर थाना  के आंबेडकर चौक के लगे भईल . मृतक युवक नगर थाना के हजियापुर निवासी अभय कुमार सिंह के  पुत्र सत्यजीत सिंह  बतावल गईल बाड़े . वारदात के बाद आज सबेरे  आक्रोशित परिजन लोग  जम के  बवाल काटल लोग ऐह दौरान  एनएच 28  कई घंटा तक जाम रहल . घटना के बाद से आक्रोशित परिजन मृतक के शव के  शहर के हजियापुर मोड़ पर रख के हत्या के अरोपित लोग के  गिरफ़्तारी के  मांग करत रहुए लोग . ओने पुलिस  एगो आरोपीत के  गिरफ्तार करे के दावा कईले बा .

जानी का बा पूरा मामला

घटना के बारे में बतावल  जाता  की  बुधवार देर सांझ के बेरा युवक  सदर अस्पताल के लगे  अम्बेडकर चौक पर गईल रहुअन . जहवा  कुछ लड़का लोग  के साथे पहिले से ही  विवाद के लेके झड़प भउए . ऐह  झड़प में तिनगो युवक सत्यजित सिंह के चाक़ू से गोद के हत्या कर देहुअन .

जानी का कह रहल बाड़े मृतक के परिजन –

मृतक के चाचा अनमोल सिंह  बतवले  की उनकर  भतीजा के  सदर अस्पताल के लगे  चाक़ू  से हमला कर दिहल गईल .  प्रशासन के  पूर्व में भी जानलेवा हमला करे के लेके  आवेदन दिहल गईल रहल हवे . सगरी  सभी आरोपी भी ओही हमला करे वाला  ग्रुप के बाड़े जवना ग्रुप के खिलाफ पहिले से आवेदन पुलिस के दिहल गईल रहल हवे .बाकिर  पुलिस प्रशासन के द्वारा कवनो  करवाई अभी तक ना कईल गईल रहल हवे . जवना के  वजह से उनकरा  भतीजा के  हत्या कर दिहल गईल बा .

का कहले पुलिस कप्तान –

जबकि  ऐह मामला में आक्रोशित लोग के  समझावे  पहुचल  एसपी मनोज कुमार तिवारी  बतवले  मृतक युवक छोटू कुमार अपना  दोस्त लोग  के साथे  यूपी के तमकुही में शादी समारोह में भाग लेबे खातिर गईल रहुअन . जहवा कवनो  बात के लेके उनकरा   दोस्त लोग  के साथे विवाद हो गउए . एही  विवाद के चलते  काल्ह  रात में उनकर हत्या हो गईल. हत्या के  वजह पुरानी रंजिश बा . ऐह  मामला  में पुलिस  एगो  आरोपीत के  गिरफ्तार कर लेहले बा . जबकि 3 नामजद अरोपित  में से दुगो  नामजद अरोपित  के गिरफ़्तारी खातिर  लगतार छापामारी कईल  जा रहल बा . जल्दीए सगरी आरोपित पुलिस गिरफ्तार कर ली .

एसपी मनोज कुमार तिवारी

मृतक के फाईल फोटो




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *