BREAKING NEWS
Search

हथुआ प्रखंड के अटवा दुर्ग में 1 मार्च से शुरू होई हनुमान मंदिर प्राण प्रतिष्ठा यज्ञ

गोपालगंज / हथुआ : जिला के हथुआ प्रखंड स्थित अटवा दुर्ग गांव में एक मार्च से हनुमान मंदिर प्राण प्रतिष्ठा महायज्ञ के शुरुवात होई . यज्ञ के आयोजक मुन्ना श्रीवास्तव बतवले की एक मार्च के कलश यात्रा निकालल जाई . ऐह कलश यात्रा में सैकड़ो के संख्या में कुवारी कन्या लोग शामिल होई . महायज्ञ में भक्त लोग के परिकरमा के व्यवस्था कईल गईल बा . ऐह दौरान एक से पांच मार्च तक कथा , प्रवचन के कार्यक्रम भी राखल गईल बा . यज्ञ के तैयारी अंतिम चरण में चल रहल बा .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *