BREAKING NEWS
Search

जेपी सेनानी लोग के पूरा सम्मान दे रहल बा सरकार : मंगल पाण्डेय

सीवान/ दरौंदा :- प्रखंड के शेरही गांव में आयोजित  जेपी आंदोलन के सिपाही जितेन्द्र राय विद्यार्थी के प्रतिमा के  अनावरण बिहार सरकार के स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडे  अतवार दिने  के कईले । ऐह मौका  पर सभा के  सम्बोधित करत स्वास्थ्य मंत्री  कहले  कि जेपी आंदोलन के जे भी सच्चा  सिपाही बा उ लोग कबो आपन चिंता ना करेला लोग जेपी आंदोलन के सच्चा सिपाही लोग हमेशा समाज के चिंता करेला लोग । जितेन्द्र राय विद्यार्थी जी हमेशा समाज के सगरी वर्ग के लोग के साथे लेके चलल बानी उहा के  दरौंदा  क्षेत्र खातिर जवन काम कईले बानी उ हमेशा याद रही . कार्यक्रम में नियोजित शिक्षक लोग  के सम्बंध में स्वास्थ्य मंत्री  कहले  कि अपना बच्चा लोग के भविष्य के  ख्याल रखत नियोजित शिक्षक लोग अपना काम पर लौट जाव लोग । सरकार नियोजित शिक्षक लोग के मांग  पर सहानुभूति पूर्वक विचार कर रहल बा । बिहार सरकार घर – घर बिजली पहुँचावला  के बाद अब हर खेत तक बिजली पहुँचावे  में लागल बा । राजद पर कटाक्ष करत मंत्री जी कहले कि आज से पन्द्रह साल पहिले वाला बिहार से अभी के बिहार काफी आगे निकल चुकल बा । मंत्रीजी आगे कहले कि  आज- कल  के बच्चा लोग से जब ढिबरी के बारे में बोलल जाई तब बच्चा लोग ना बता पाई की ढेबरी का होखेला अब लालटेन के युग समाप्त हो चुकल बा अब त  एलईडी बॉल के समय आ चुकल बा । सरकारी  अस्पताल भी पहिले से काफी बेहतर हो चुकल बा जाहवा भी  डॉक्टर अउरी  एनएम के कमी बा ओहिजा भी सरकार बहुते जल्दी डाक्टर अउरी एनएम लोग के बहाली करे जा रहल बा । केंद्र  सरकार द्वारा चलावल  जा रहल  आयुष्मान योजना के तहत जिला  में 17 हजार से अधिक लोग के कार्ड दिहल जा चुकल बा जवना के लाभ भी कार्ड धारक लोग के मिल रहल बा । कार्यक्रम के संबोधित करत विधायक कर्णजीत सिंह उर्फ व्यास सिंह  कहले  कि जितेन्द्र राय विद्यार्थी अपना  कर्मठता खातिर हमेशा याद कईल जईहे ।

जितेन्द्र राय विद्यार्थी जी  हमरा जीवन खातिर हरदम रहेब प्रेणना श्रोत : टुन्नाजी पांडेय

कार्यक्रम के संबोधित करत सीवान भाजपा एमएलसी टुन्ना पाण्डेय  कहले  कि जितेन्द्र राय विद्यार्थी जी  हमारा जीवन खातिर हरदम प्रेणा श्रोत बनल  रहेब । उहा के जीवन हमेशा संघर्ष में बीतल बा . विद्यार्थी जी हमेशा गरीब – गुरबा के लड़ाई लड़ले बानी . समाज के हर वर्ग के सम्मान मिलो हर वर्ग के ओकर वाजिब हक मिलो एकरा खातिर विद्यार्थी जी हमेशा प्रयासरत रहल बानी . उहा के देश के एगो सच्चा सिपाही रहनी . उहा के आदर्श के अपना के हमनी के समाज हित में काम करे के बा . आजाद भारत के सबसे बड़का आंदोलन के सेनानी रहनी जितेन्द्र राय विद्यार्थी जी . उहा के सच्चा रूप में एगो शेर के तरह जीवन जियनी .  ओकरा बाद कार्यक्रम के संबोधित करत पूर्व सांसद ओमप्रकाश यादव कहले  कि जितेन्द्र राय विद्यार्थी जी  के सानिध्य में हमनी के  बहुत कुछ  सीखले बानी जा । अपना  संघर्ष खातिर उहा के हरदम जानल जाएब । सभा के भाजपा जिलाध्यक्ष संजय पांडे, भाजपा  नेता जितेन्द्र स्वामी, रामाकांत पाठक, योगेन्द्र सिंह, पूनम गिरि, पूनम राय विधार्थी, राहुल तिवारी, विजय गिरि, अनिल तिवारी, वीरेंद्र शर्मा, प्रभुनाथ यादव, संजय यादव, अनूप मिश्र,  लोकनाथ यादव, उमाशंकर सिंह, कपिलदेव सिंह, वीरेंद्र सिंह आदि लोग  सम्बोधित कईल जबकि   सभा के  अध्यक्षता रामनाथ सिंह कईले ।

बगौरा स्वास्थ्य केंद्र  के बदहाली के लेके ग्रामीण लोग कईल स्वास्थ्य मंत्री के  घेराव

 रविवार के  दरौंदा प्रखंड के शेरही गांव में आयोजित जेपी सेनानी प्रतिमा अनावरण करे  जा रहल  स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडे के  बगौरा पंचायत के मुखिया चुन- चुन शर्मा के नेतृत्व में सैकड़ों ग्रामीण लोग उपस्वास्थ्य केन्द्र बगौरा में बदहाली के  व्यवस्था के लेके  स्वास्थ्य केंद्र  के सामने स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडे के रोक के ग्रामीण लोग आपन   शिकायत कईल लोग । ग्रामीण लोग स्वास्थ मंत्री से कहल कि ऐह  उपस्वास्थ्य केंद्र में स्वास्थ्य सुविधा उपलब्ध नईखे हो पावत । हमेशा ताला लटकल रहेला ।जवना के बाद से  स्वास्थ्य मंत्री  ग्रामीण लोग के  आश्वस्त कईले  कि बहुते जल्दी ऐह  केन्द्र पर सगरी  सुविधा  मुहैया करावल जाई । ओने दोसरका ओर  स्वास्थ्य मंत्री से   पकड़ी पंचायत के मुखिया अनूप मिश्र एगो   ज्ञापन देके  10 वर्ष से बन्द पड़ल   पकड़ी पंचायत के उपस्वास्थ्य केन्द्र महुवल- महाल  में डॉक्टर व एएनएम मुहैया करावे के  मांग कईले । ताकि लोग के  उपस्वास्थ्य केंद्र के  सुविधा मिल सको ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *