BREAKING NEWS
Search

भोजपुरी पुरबी के जनक महेंदर मिसिर के जन्मदिन पर 16 मार्च के पंचदेवरी में होई भोजपुरिया बयार महोत्सव

गोपालगंज / पंचदेवरी :- जिला के पंचदेवरी प्रखंड स्थित शिवनंदन साह उच्च विद्यालय के प्रांगण में भोजपुरी पुरबी धुन के जनक महेंदर मिसिर के जन्मदिन पर 16 मार्च के दिन के 10 बजे से भोजपुरिया बयार महोत्सव के शुरुआत होई . कार्यक्रम के मुख्य आयोजक भोजपुरिया बयार संघर्ष समिति के सदस्य सत्येन्द्र कुमार सिंह बाड़े . भोजपुरिया बयार महोत्सव के सफलता खातिर शुक्रवार के दिन के ग्यारह बजे से भोजपुरिया बयार संघर्ष समिति के सचिव शैलेन्द्र प्रताप शाही के अध्यक्षता में बैठक कईल गईल . बैठक में सब केहू के राय से निर्णय लिहल गईल कि भोजपुरिया बयार महोत्सव के सफल बनावे के बा . कार्यक्रम के मुख्य आयोजक सत्येन्द्र कुमार सिंह बतवले की भोजपुरिया बयार महोत्सव के दौरान कवि सम्मेलन , गीत संगीत , समूह नृत्य , भोजपुरी भाषा पर परिचर्चा के आयोजन होई . ऐह दौरान राष्ट्रिय से लेके स्थानीय स्तर पर कर कलाकार लोग के भोजपुरी के क्षेत्र में आपन पहचान बनावे खातिर सम्मानित कईल जाई . कार्यक्रम में कईगो नामी गिरामी कलाकार शामिल होईहे . महोत्सव में भोजपुरी के आठवी अनुसूची में दर्जा दिलावे खातिर विस्तार पूर्वक चर्चा होई . ऐह दौरान कार्यक्रम में बिहार सहित यूपी के कईगो अधिकारी सहित राजनेता शामिल होईहे .ऐह दौरान सगरी सदस्य लोग के द्वारा होली मिलन समारोह के आयोजन कईल गईल . कार्यक्रम में मशहूर कवि अमलानंद पांडेय के द्वारा कविता अउरी होली के गीत प्रस्तुत कईल गईल . बैठक में शैलेश कुमार पांडेय , सत्येन्द्र कुमार सिंह, चंद्रहाश शर्मा, धीरज पांडेय, मानवेन्द्र मिसिर, उमेश शर्मा राजा , मेराज आलम, विजय कुमार कुशवाहा, राजकुमार गुप्ता, अमलानंद पांडेय शर्मिला, हरेंद्र कुमार , रामशंकर जी, शैलेश पांडेय सहित दर्जनों लोग रहल .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *