BREAKING NEWS
Search

होली के लेके डीएम व एसपी के नेतृत्व में कईल गईल फ्लैग मार्च

गोपालगंज। होली के लेके शहर से गांव तक डीएम व एसपी के नेतृत्व में फ्लैग मार्च निकालल गईल । फैल्ग मार्च शहर के कलेक्ट्रेट रोड से शुरू होके पोस्ट ऑफिस चौक, सिनेमा रोड, जंगलिया मोड़, तकिया, फतहां होते हुए कईगो गांव मुहल्ला में घूमला के बाद प्रशासन के टीम फेरु से कलेक्ट्रेट परिसर में लौट गईल । मार्च में डीएम अरशद अजीज, एसपी मनोज कुमार तिवारी, सदर एसडीओ उपेन्द्र कुमार पाल, एसडीपीओ नरेश पासवान, नगर इंस्पेक्टर प्रशांत कुमार राय, एएसआई राजेश कुमार राय समेत कईगो पुलिस अधिकारी मौजूद रहले । ओने कुचायकोट प्रखंड में भी होली शांतिपूर्ण व सौहार्दपूर्ण वातावरण में मनावे खातिर आम आदमी के बिच में विश्वाश कायम रखे के लेके पुलिस-प्रशासन प्रखंड के कईगो क्षेत्र में फ्लैग मार्च करुए ।एही क्रम में डीएम व एसपी मनोज कुमार तिवारी प्रखंड के हिरन्दा, मनियारा, बखरी, महुआवा, खजूरी, मलही ,सासामूसा व रामपुर माधो आदि गांव में फ्लैग मार्च कईलस । ऐह दौरान एसडीपीओ, कुचायकोट थानाध्यक्ष अब्दुल मजीद, अनिल कुमार सिंह व इंद्रजीत कुमार समेत तमाम पुलिस पदाधिकारी मौजूद रहले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *