BREAKING NEWS
Search

फोन खरीददारी के बा प्लान त चेक आउट करी फ्लिपकार्ट बीएसडी सेल..

अगर रउआ फोन खरीददारी के योजना बना रहल बानी त मत करी इन्तेजार ऑनलाइन शॉपिंग करे वाला लोग खातिर फ्लिपकार्ट कुछ खास लेके आइल बा जवना में ऑनलाइन फोन खरीददारी समेत अन्य सब प्रोडक्ट्स पर भारी छूट मिल रहल बा।

फ्लिपकार्ट के बिग शॉपिंग डेज सेल आज रात 12 बजे से शुरू हो रहल बा जबकि प्लस मेम्बर खातिर ई सेल आज 8 बजे से ही शुरू हो जाई,ई सेल 19-22 मार्च तक चली जवना में मोबाइल फोन सहित होम ऐप्लिएन्स,इलेक्ट्रॉनिक उपकरण, ब्यूटी प्रॉडक्ट्स,खिलौना,फैशन आ होम एसेंशियल जइसन सगरी प्रोडक्ट पर भारी छूट के लाभ मिली।एकरा अलावे एसबीआई के क्रेडिट कार्ड से खरीददारी आ ईएमआई ट्रांजेक्शन पर 10% छूट के लाभ मिली जबकि कईगो फोन में प्रीपेड ट्रान्जेक्शन पर 1000 रुपया के एक्स्ट्रा डिस्काउंट मिल रहल बा।

बिग शॉपिंग डेज में रेडमी नोट 7 प्रो फोन 6जीबी वैरिएंट के कीमत 11999,रियल मी 5 प्रो फोन के शुरुआती कीमत 11999,सैमसंग S9 प्रो के कीमत 21999,वीवो Z1 प्रो 4जीबी वेरिएंट के कीमत 11990,सैमसंग A50 4जीबी वैरिएंट के कीमत 12999,आई फोन XS 64 जीबी वैरिएंट के कीमत 52999 आ पोको X2 फोन के शुरुआती कीमत 15999 बा अन्य कई गो फ़ोन पर भी भारी छूट मिल रहल बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *