BREAKING NEWS
Search

महागठबंधन में घमासान : लालू के धमकी देहला के बाद से CM नीतीश से मिलले मांझी, बिहार में गरमाईल सियासत

पटना  बिहार में विपक्षी महागठबंधन में मचल  घमासान के बीच एगो  बड़हन  खबर आ रहल बा । मंगलवार के  देर शाम महागठबंधन के घटक दल हिंदुस्‍तानी अवाम मोर्चा  के सुप्रीमो जीतन राम मांझी  राष्‍ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के घटक जनता दल यूनाइटेड  के सुप्रीमो व मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार  से काफी देर तक  मुलाकात कईले ।ऐह  मुलाकात के ठीक एक दिन पहिले  मांझी  राष्‍ट्रीय जनता दल सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के  धमकी देत  कहले रहले  कि अगर आरजेडी के  रवैया ना  बदलल  तब उ  मार्च के बाद बड़हन  फैसला लेबे खातिर स्‍वतंत्र होइहे । मांझी के  नीतीश से मुलाकात के  उनकर  महागठबंधन में नाराजगी से जोड़ के  देखल  जा रहल बा । हालांकि, ऐह  मुलाकात पर राजनीति गरमात देख मांझी सफाई देहले  कि उ अपना  विशेष सुरक्षा दस्‍ता के   सुरक्षा में कईगो  कटौती कईला के लेके अउरी  अपना  इलाका  में आइटीआइ के उद्घाटन के संबंध में मुख्‍यमंत्री से मुलाकात करे खातिर  गईल रहले ह ।

बंद कमरा  में 50 मिनट तक भईल  बात

मिलल  जानकारी के अनुसार मंगलवार के  शाम जीतन राम मांझी  मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार से उनकरा  आवास पर बंद कमरा  में करीब 50 मिनट तक बात कईले । ‘हम’ के प्रवक्‍ता दानिश रिजवान एकरा के दुनु  नेता लोग  विकास के मुद्दा  पर सामान्‍य मुलाकात बतवले । लेकिन इहो  स्‍वीकार कईले  कि जब दुनु  राजनेता मिले ले तब  राजनीति के  बात त होखबे करेला  ।अब  ऐह   मुलाकात में राजनीति के कवन बात भईल बा एकरा के लेके  सियासी कयास लगावल  जा रहल बा  ।

AD



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *