BREAKING NEWS
Search

कोरोना अलर्ट के बिच ही भागलपुर में स्वाईन फ्लू के कहर

भागलपुर। बिहार के कोरोना के लेके अलर्ट के बीच भागलपुर के सूअर  में क्लासिक स्वाइन फीवर (स्‍वाइन फ्लू) के  संक्रमण फईल गईल बा । बुधवार के नया इलाका एकरा  चपेट में आ गईल बा । जवना के चलते बुधवार के  भी आठगो  सूअर के  मौत हो गईल बा । शहर में सुअरन  के  मौत के अभी तक ले आंकड़ा 298 पर पहुंच गईल बा । भागलपुर में सूअरन के  मौत के  सिलसिला पिछलका  आठ दिन  से जारी बा ।बुधवार के  भागलपुर के सुरखीकल में तीन, हाउसिंग बोर्ड परिसर में दुगो , मानिकपुर में एक व डीईओ कार्यालय के लगे दुगो  सूअर के  मौत हो गईल । नगर निगम के स्वास्थ्य शाखा प्रभारी मो. रेहान  बतवले  कि सूअर  के शव के  दफन कर ओहिजा  चूना व ब्लीचिंग पाउडर के  छिड़काव करावल  गईल बा । पशुपालन विभाग के ओर से  पशुपालक से सतर्क रहे के कहल गईल बा। विभाग  तत्काल एकरा के क्लासिक स्वाइन फीवर बतवले बा । 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *