BREAKING NEWS
Search

कोरोना वायरस के बारे में सबके बतइह ऐ भैया

गोपालगंज :- खतरनाक वायरस “कोरोना” से बच बचाव खातिर नागेन्द्र उजाला के आवाज में जागरूक व अपील गीत के लोकार्पण जिला प्रशासन के वरीय उपसमहर्ता पिंकी कुमारी शर्मा के द्वारा कईल गईल ।गोपालगंज के जिला समाहरणालय कैम्पस में “उजाला टीम” के बैनर तले नागेन्द्र उजाला के आवाज में करोना वायरस से बच-बचाव करे ख़ातिर पूरा समाज में जागरूकता फ़ईलावे खातिर हिन्दी गीत- कोरोना वायरस के बारे में सबको बताना साथियों…. के साथे ही भोजपुरी में कोरोना वायरस के बारे में सबके बतइह ए भईया… के लोकार्पण वरीय उप जिला-समाहर्ता महोदया पिंकी कुमारी जी के द्वारा कईल गईल ।चर्चित लोकगायक नागेन्द्र उजाला बतवले कि आज हमनी के समाज मे कारोंना वायरस एगो महामारी के रूप में चुनौति बन गईल बा । एह चुनौती के हमनी के टीम हिंदी अउरी भोजपुरी में गीत के माध्यम से जागरूकता फैलावे के काम कर रहल बा। हमनी के कारोंना से बचाव खातिर का सावधानी बरतें के बा । एकरा के हमनी के गीत के माध्यम से सजा के समाज के सामने रखले बानी जा । रउरा लोग से निहोरा बा कि कारोंना से बचाव करे खातिर समाज के जागरूक करी लोग । नागेन्द्र उजाला द्वारा एकरा पहिले भी मतदाता जागरूकता गीत, बाल विवाह रोक थाम गीत,स्वक्षता अभियान गीत,बेटी बचाओ-बेटी पढ़ाओ अभियान गीत अउरी दहेज उत्पीड़न बिरोध गीत गा चुकल बाड़े । लोकगायक नागेन्द्र उजाला समाजिक कार्य में हरदम आपन सहभागिता निभावत रहेले।
लोकार्पण के मौका पर “भोजपुरिया बयार संघर्ष समिति” से सत्येन्द्र कुमार सिंह “उजाला टीम” से बृजेश बाबु, अर्जुन शर्मा,अमित तिवारी,रंजीत सिंह,पंकज शर्मा , धनेश कुमार आदि लोग मौजूद रहल ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *