BREAKING NEWS
Search

बिहार में कोरोना से लगतार दुसरका मौत के बाद सीएम नीतीश कुमार कईले मुआवजा के ऐलान

पटना :- मुख्यमंत्री नीतीश कुमार  कोरोनो वायरस से पटना में भईल  मौत पर दुख ब्यक्त कईले बाड़े । उ मृतक लोग के परिजन लोग के  राहत कोष से अनुमान्य राशि देबे के निर्देश देहले बाड़े । मुख्यमंत्री  अपील कईले बाड़े  कि अगर केहू में  भी कोरोना के लक्षण बा तब उ लोग एकरा के छुपावे के प्रयास मत करे लोग । एकरा साथे ही मुख्यमंत्रीजी आगे सगरी बिहार के लोग से अपील कईले बाड़े की  यथासम्भव लोग अपना  घर  में ही रहो ।रउरा लोग के बता दिहल जाव  पटना के एनएमसीएच में भर्ती औरंगाबाद जिला  के मनोज कुमार के कोरोना से  मौत हो गईल बा । मनोज के शव के  पोस्टमार्टम करावल   जा रहल बा। मनोज के  पत्नी भी एनएमसीएच में भर्ती भर्ती  बाड़ी दुनु लोग उड़ीसा से लौटल रहल हवे लोग ।एकरा पहिले  पटना एम्स में कोरोना से पहिलका  मौत शनिवार देर रात भईल रहे  । पटना एम्स में भर्ती मुंगेर के चुरम्बा गांव निवासी युवक सैफ अली (38 वर्ष) शनिवार के  दम तोड़ देहले रहले  ।  कतर से किडनी के  इलाज कराके उ  13 मार्च के  लौटल रहले ह । एम्स निदेशक डॉ. प्रभात कुमार सिंह  बतवले  कि किडनी फेल भईला के  शिकायत पर उनकरा के  भर्ती करावल गईल रहे । बाद में कोरोना के  जांच भइल जईमें रिपोर्ट  पॉजीटिव पावल गईल रहे । पटना एम्स में ही भर्ती एगो अउरी महिला के  रिपोर्ट पॉजीटिव आईल बा । ई महिला स्कॉटलैंड से पटना आईल रहली हवे । बिहार के स्वास्थ्य विभाग के प्रधान सचिव संजय कुमार भी एकर  पुष्टि कर देहले बाड़े । ऐह  वायरस से संक्रमित होके  सबसे कम उम्र में मौत के  देश में ई पहिलका मामला बा ।युवक के  मौत के बाद मुंगेर में उनकरा  परिवार के सगरी लोग के  आइसोलेट कर दिहल गईल बा । मेडिकल टीम चुरम्बा गांव पहुंच के गांव के अउरी लोग के भी जाँच पड़ताल कर रहल बा । बिहार के आरएमआरएई स्थित जांच केंद्र में रविवार दोपहर तक 129 सैंपल के  जांच भईल बा । जईमें दुगो लोग के में कोरोना वायरस के  पुष्टि भईल बा । अभी 41 सैंपल के  जांच चल रहल बा ।पटना में 2 मौत के बाद हड़कंप मचल बा । जवन भो संदिगध मरीज मिलत बाड़े उनकरा लोग पर विशेष नजर राखल जा रहल बा ।

520 यात्री लोग के  सर्विलांस पर रखल गईल बा
बिहार में कोरोना वायरस के लक्षण वाला  520 यात्री लोग के अबतक सर्विलांस पर रखल गईल बा । इनकरा लोग के  14 दिन तक होम आइसोलेशन पर राख के डाक्टर लोग द्वारा निगरानी कईल जा रहल बा । ओने अभी तक ले 119 संदिग्ध मरीज लोग के  आइसोलेशन से बाहर कईल गईल बा । स्वास्थ्य विभाग के  ओर से सोमवार के  जारी सूचना में ई  जानकारी दीहल  गईल बा ।  विभाग से मिलल  जानकारी के अनुसार राज्य में अबतक 85 संदिग्ध मरीज लोग  से जांच खातिर  नमूना लीहल जा चुकल बा । 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *