BREAKING NEWS
Search

कोरोना वायरस के संकट काफी गंभीर, बचाव खातिर सचेत रहे के बा जरूरत: CM नीतीश

पटना. बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले  कि कोरोना वायरस के  संकट काफी गंभीर बा एकरा से बचाव खातिर सगरी लोग के  सचेत रहे के  जरूरत बा . उ कहले  कि हर व्यक्ति के  सतर्कता ही कोरोना वायरस के संक्रमण से बचाव के  उपाय बा . उ कहले  ‘‘बचाव खातिर  सोशल डिस्टेंसिंग (सामाजिक एवं आपसी दूरी बनाना) सबसे बेहतर तरीका बा . लोग यथासंभव अपना  घर में ही रहो .’’ मुख्यमंत्री  अपील कईले  कि कवनो भी व्यक्ति बीमारी के लक्षण अउरी आपन  भ्रमण के इतिहास के छुपावे के कोशिश मत करो लोग . लक्षण अईला  पर तुरंत इलाज खातिर  सूचित कईल जाव .साथ ही सीएम नीतीश  पटना स्थित एम्स में कोरोना वायरस  के संक्रमण से एगो  व्यक्ति के  मौत पर शोक जतवले . सीएम नीतीश  मृतक के परिजन लोग के  मुख्यमंत्री राहत कोष से अनुमान्य सहायता राशि देबे के निर्देश देहले बाड़े . पिछलका  16 मार्च के  बिहार विधानसभा में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार  कोरोना वायरस से कवनो भी ब्यक्ति के  मृत्यु भईला के  स्थिति में मृतक लोग  के निकटतम संबंधी के  चार लाख रुपया  के सहयता  राशि देबे के घोषणा कईले रहले .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *