BREAKING NEWS
Search

बिहार में कोरोना के लेके CM नीतीश कईले राहत पैकेज के ऐलान, राशन कार्डधारी परिवार के मिली एक हजार रूपया

पटना :- बिहार में सोमवार के  मुख्यमंत्री नीतीश कुमार  कोरोना वायरस के संक्रमण के लेके   समीक्षा बैठक कईले । ऐह  बैठक के बाद बिहार के लोग खातिर  राहत पैकेज के घोषणा  कईल  गईल । बिहार सरकार राज्य के सगरी  राशन कार्डधारी लोग के एक महिना के अनाज मुफ्त देबे जा रहल बा । एकरा अलावे प्रदेश के सगरी पेंशनधारी  लोग के  तीन माह के  अग्रिम भुगतान कईल जाई । बिहार सरकार लॉकडाउन वाला  इलाका  के सगरी  राशन कार्डधारी लोग के प्रति परिवार एक हजार रुपया देबे के भी घोषणा कईले बा । ई राशि डीबीटी के माध्यम से सीधा उनकरा लोग के खता  में ट्रांसफर होई । एकरा  अलावा पहिला  क्लास से 12वीं क्लास के बच्चा लोग के छात्रवृत्ति 31 मार्च से पहिले दिहल जाई । साथ ही स्वास्थ्य कर्मी लोग के एक महिना के  अतिरिक्त मूल वेतन प्रोत्साहन राशि के तौर पर दिहल जाई ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *