BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला प्रशासन के सख्त आदेश , जमाखोरी अउरी कालाबजारी करे वाला दुकानदार लोग पर दर्ज होई मुकदमा , दुकान होई सिल

गोपालगंज :- जिला में लकडाउन के बाद गोपालगंज , मीरगंज , हथुआ , ससामुसा के राशन अउरी सब्जी दुकानदार लोग के द्वारा मनमाना ढंग से रेट तय कर के राशन के समान सब्जी , फल बेचल जात रहल हवे . जवना के शिकायत जिलाधिकारी के लगे पहुँचल बा . गोपालगंज ,मीरगंज ,हथुआ में सबसे ज्यादा अट्टा , चावल , हरा मिर्च , फल सहित मास्क के दाम मनमानी तरीका से लिहल जात रहल हवे . जवना के शिकायत कुछ स्थानीय लोग गोपालगंज के  जिलाधिकारी से कईल . शिकायत मिलला के बाद से जिला प्रशासन सख्त हो गईल बा . जिलाधिकारी अशरद अजीज जिला भर के सगरी राशन , फल , अउरी सब्जी दुकानदार लोग के सख्त निर्देश देहले बाड़े की समान के रेट लिस्ट के दुकान के सामने चपकावे के बा . अगर कवनो दुकानदार तय रेट लिस्ट से ज्यादा पईसा लिहे ओकर शिकायत आई तब ओकरा खिलाफ एफआईआर दर्ज कर ओकर दुकान के सिल कर दिहल जाई .

अगर कवनो दुकानदार तय मूल्य से ज्यादा कवनो समान के रेट ले रहल बाड़े तब रउरा लोग सीधे जिला प्रशासन के लगे एकर शिकायत कर सकत बानी लोग

जिलाधिकारी गोपालगंज के मोबाइल नम्बर – 9473191278

एसपी गोपालगंज के मोबाइल नम्बर – 9431822991

जानी का कह रहल बाड़े डीएम साहेब

जिला भर के सगरी राशन दुकानदार , फल विक्रेता , अउरी सब्जी विक्रेता लोग के निर्देश दिहल गईल बा की बेचे वाला सगरी जरूरी समान के नाम अउरी ओकर रेट लिस्ट दुकान के सामने चिपकावे के बा . सरकारी तय मूल्य से कवनो दुकानदार ज्यादा रेट से समान ना बेचिहे , अगर केहू एकर शिकायत करी तब संबधित दुकानदार के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कर क़ानूनी करवाई होई . संबंधित दुकान के सिल कर दिहल जाई .

श्री अरशद अजीज  डीएम गोपालगंज

आदेश ना मानेवाला पर दुगो धारा लगाके दर्ज होई प्राथमिकी

कालाबजारी अउरी मनमानी रेट से समान बेचे वाला दुकानदार लोग पर दुगो धारा लगाके एफआईआर दर्ज होई जईमें आवश्यक वस्तु अधिनियम के  धारा 3/7 के तहत मुकदमा दर्ज होई एकरा साथे ही महामारी अधिनियम 1897 के लागू भईला  के बाद सरकारी आदेश को ना मानला पर आईपीएसी के  धारा 188 के  मुकदमा दर्ज होई . अउरी संबंधित दुकान के प्रशासन द्वारा सिल कर दिहल जाई .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *