BREAKING NEWS
Search

पटना पुलिस के दादागिरी , घुस के पईसा ना देहला पर आलू वैन के ड्राईवर के पुलिस मरलस गोली , तिनगो आरोपित पुलिसकर्मी गिरफ्तार

पटना. कोरोनो के लेके देशव्यापी बंद के फ़ायदा अब पुलिस वाला भी जम के  उठा रहल बाड़े. पुलिस के गुंडागर्दी के ताजा मामला  बिहार के पटना (दानापुर) में देखे के मिलल बा जहां दानापुर कोर्ट में ड्यूटी में तैनात सिपाही घुस के पईसा ना देहला पर   आलू लेके  जा रहल  वैन के ड्राइवर के  गोली मार देहले . गोली मारला के बाद से ड्यूटी पर तैनात तिनु पुलिसवाला के गिरफ्तार कर लिहल गईल बा . पीड़ित ड्राईवर   पुलिस  पर पुलिस के रंगदारी  टैक्स ना देहला  पर पिकअप वैन चालक के  गोली   मारला के आरोप लगवले बाड़े .

जांच खातिर  पहुंचले  एसएसपी

मामला के  जानकारी पटना पुलिस के कप्तान के  मिलल तब  एसएसपी  खुद पीपा पुल के लगे जाके घटनास्थल के  जायजा लेहले अउरी पूरा मामला में पूछताछ कईले जईमें ई बात सामने आईल की तिनु पुलिसकर्मी लोग अवैध वसूली करत रहल हवे लोग . एही  दौरान पीपा पुल के पास पिकअप वैन से आलू लेके  दानापुर से  आवत में  सोनू साव से तिनु पुलिसकर्मी घुस में पांच हजार रुपया के  मांग कउअन .ऐह  दौरान जब सोनू  पईसा देबे  से इंकार करुअन तब पुलिसवाला लोग से उनकर बकझक शुरू हो गउए . एही दौरान एगो पुलिसकर्मी वैन ड्राईवर के गोली मारके बाईक से फरार हो गउए .

घायल ड्राईवर के  पीएमसीएच कईल  गईल  रेफर

गोली लगला  के बाद सोनू घायल हो गईले . घायल सोनू  दानापुर पुलिस के एकर सुचना देहुअन ओकरा बाद से  पुलिस आनन फानन में स्थानीय लोग के  मदद से दानापुर अस्पताल में सोनू के  भर्ती करउए  जहां से उनकरा के  बेहतर इलाज खातिर  पीएमसीएच में रेफर कर दिहल गईल बा . घटना के बारे में बतावल जा रहल बा की गोली सोनू के पैर में लागल बा जवना से उनकर जान बच गईल बा .

गिरफ्तार भईले तिनु आरोपी पुलिसकर्मी

एसएसपी ऐह मामला  में फौरन कार्रवाई करत तिनु पुलिसकर्मी के हिरासत में ले लेहले बाड़े . आरोपी तिनु  पुलिसवाला  के नाम रजनीश, अनिरुद्ध अउरी  बबलू बतावल गईल बा .गिरफ्तारी के बाद से तिनु आरोपी पुलिसकर्मी लोग के दानापुर दानापुर कोर्ट में पेशी खातिर भेजल गईल बा  जहां से सगरी आरोपी के  जेल भेजल जाई .घटना के बाद से तिनु पुलिसकर्मी के सस्पेंड कर दिहल गईल बा . घटना के लेके स्थानीय लोग के काफी आक्रोश बा . बाकिर पुलिस इलाका के नियंत्रित कर लेहले बा .

घायल युवक



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *