BREAKING NEWS
Search

पूर्णिया:- कालाबाजारी करे वाला पर सख्ती: वेश बदल के खरीदारी करे पहुंचले SDM, दुगो दुकान के कईले सील

पूर्णिया. देशभर में जारी लॉकडाउन  के बीच बिहार में भी एकरा के लेके प्रशासन के  सख्ती लगातार जारी बा . एक तरफ प्रशासन जहां लोग से घरों में रहे के  अपील कर रहल बा  , त ओने  लॉकडाउन के  आड़ में कालाबाजारी करे वाला कारोबारी  के खिलाफ भी कड़ी कार्रवाई कर रहल बा . कुछ अईसन  ही मामला आईल बा  बिहार के पूर्णिया से जहां दुगो कारोबारी के निर्धारित  मूल्य से अधिक दाम पर सामान बेचल  काफी महंगा पड़ल . ऐह  दौरान एसडीएम  कार्रवाई करत दुनु  दुकान के  सील कर देहले बाड़े . मामला पूर्णिया के धमदाहा अनुमंडल के बा . जानकारी के मुताबिक, भवानीपुर प्रखंड मुख्यालय में एसडीएम के  कालाबाजारी के  शिकायत मिलल रहुए . ऐह दौरान शिकायत मिलते ही एसडीएम मामला के  पड़ताल करे खातिर  खुद निकल पडूअन एसडीएम .

मुस्लिम शख्‍स के वेश में पहुंचल रहुअन एसडीएम साहेब  दुकान पर
एसडीएम  वेश बदल के अउरी मुसलमान के वेश में टोपी औरी  कुर्ता पायजामा पहिन के  किराना स्टोर पर पहुंचले , जहां उ कुछ सामान खरीदले . ऐह  दौरान लोग द्वारा कईल  गईल  शिकायत के  एसडीएम  सच पवले . एसडीएम राजेश्वरी पांडे तुरंत  कार्रवाई करत  बैजनाथ किराना स्टोर अउरी रंजीत किराना स्टोर के  तत्काल प्रभाव से सील कर देहले . दुकानदार के खिलाफ सख्त कार्रवाई के निर्देश दिहल गईल बा.

दरभंगा में भी हो चुकल बा  कार्रवाई
एकरा पहिले  25 मार्च के  दरभंगा में भी अईसने  ही शिकायत आईल रहे , जवना के  बाद डीएम  खुद मौका  पर पहुंच के  दुकान के  सील कर देहले रहले . रउरा लोग के बता दिहल जाव  कि पूरा  देश में लॉकडाउन के स्थिति के  ध्यान में रखते हुए उपभोक्ता संरक्षण अउरी  खाद्य विभाग द्वारा जरूरत के सामान के  लिस्ट जारी कईल गईल बा . जइमें सगरी समान के  कीमत भी अंकित बा , लेकिन कालाबाजारी करे वाला कुछ बड़का अउरी छोटका व्यपारी अपना आदत से बाज नईखन आवत .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *