BREAKING NEWS
Search

जुमा के नमाज घर पर ही पढ़े खातिर गोपालगंज के डीएम कइले अपील

गोपालगंज : आज पूरा दुनिया जहा कोरोना के कहर से परेशान बा . देश भर के मंदिर अउरी सार्वजनिक जगहा पर भीड़ इकट्ठा ना होखे एकरा खातिर लगतार शासन , प्रसाशन मुस्तैद बा . एही बिच गोपालगंज के डीएम श्री अरशद अजीज भी शुक्रवार यानी जुमा के दिन के नमाज अपना घर पर ही पढ़े खातिर जिला भर के लोग से अपील कइले बाड़े . डीएम साहेब अपना संदेश में कहले की कोरोना के बेमारी के सक्रमण ज्यादा भीड़ – भाड़ से ही फईल रहल बा . जवना के देखते हुए जिला के लोग से निहोरा बा की जुमा के नमाज मस्जिद में ना जाके उ लोग अपना घर पर ही पढ़े लोग . डीएम साहेब मस्जिद के इमाम लोग के अपील कईले बाड़े की इमाम लोग मस्जिद से ऐह बात के ऐलान कर देव लोग की जुमा के नमाज घर पर ही पढ़े के बा .मस्जिद के बंद नईखे करे के . मस्जिद में खाली इमाम साहेब अउरी मौलबी लोग ही नमाज पढ़ी . मात्र दु तिन आदमी ही मस्जिद में नमाज पढ़ीहे . डीएम साहेब जिला भर के लोग से अपील कईले की बिना कवनो विशेष जरूरत के केहू भी अपना घर से बाहर मत निकलो . ऐह मौका पर जिला भर के दर्जनों मौलाना अउरी इमाम मौजूद रहले .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *