BREAKING NEWS
Search

सीवान जिला के अंगौता में गांव में कोरोना पॉजिटिव मरीज मिलला के बाद से सीमावर्ती गोपालगंज जिला के सगरी रास्ता भइल सिल

सीवान/ गोपालगंज  :- हथुआ प्रखंड के सीमावर्ती क्षेत्र अंगौता में कोरोना के एगो  पॉजिटिव मरीज मिलला  के बाद हथुआ  मीर्जापुर  सीमा के  सील कर दिहल गइल बा । सीवान के अंगौता गांव के  भी प्रशासन सील कर देहले बा । गांव के लोग  के जरूरत के समान उनकरा लोग के  दरवाजे पर ही पहुंचावल जा रहल बा । आसपास के सगरी  गांव  के लोग के  घर में ही रहे के  हिदायत दीहल  गईल बा ।एसडीओ अनिल कुमार रमन, बीडीओ रवि कुमार, सीओ विपिन  कुमार सिंह, पीएससी प्रभारी डॉ बीएन चौधरी, बरीरायभान के मुखिया मदनलाल सिंह कुशवाहा, बरीईशर पंचायत के मुखिया ब्रजेश कुमार के  मौजूदगी में अंगौता गांव के  सीमा  के लगे  खेतों में भी लाल झंडा व रस्सी बांध के  लोग  के आवाजाही पर पाबंदी लगा दीहल  गईल बा ।  अंगौता गांव के नजदीकी बाजार हथुआ प्रखंड के  मिर्जापुर बाजार हवे जहवा सीवान के  सीमावर्ती क्षेत्र के लोग खरीदारी करे खातिर आवत रहेला । प्रशासन के ओर से  तत्काल सीवान के सीमावर्ती क्षेत्र के लोग के ओह  बाजार में खरीदारी करे  पर रोक लगा दीहल गइल बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *