BREAKING NEWS
Search

बिहार सरकार के ओर से 1 से 12वीं तक के सगरी शिक्षक लोग के वेतन 31 मार्च तक जारी करें खातिर जारी भईल आदेश

पाटना :- कोरोना वायरस के  लॉकडाउन के बीच बिहार के शिक्षक लोग खातिर बड़ी राहत देबे वाला  खबर। राज्य सरकार  पहली कक्षा से 12वीं तक के सगरी  अध्यापक लोग के  वेतन 31 मार्च के सांझ  5 बते तक जारी करे के आदेश देहले बा ।

हड़ताली शिक्षक लोग खातिर  बड़ी राहत-
राज्य के सरकारी स्कूलों के हड़ताली शिक्षक लोग खातिर बड़ी  राहत भरी खबर बा । शिक्षा विभाग पहली से 12वीं कक्षा तक के सगरी  नियमित व नियोजित शिक्षको लोग के जनवरी तक के वेतन भुगतान के  निर्णय लेहले बा । कोरोना संक्रमण औरी लॉकडाउन के मद्देनजर विभाग  मानवता के नाते इ  निर्णय लेहले बा । एहिसे  सरकारी विद्यालय  के 3.5 लाख से अधिक शिक्षक लोग के आपन रुकल  वेतन मिल जाई ।

शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव आर के महाजन  शनिवार के  सगरी  जिला शिक्षा पदाधिकारी व  सगरी  डीपीओ स्थापना व समग्र शिक्षा के  आदेश देहले बाड़े  कि सगरी  शिक्षक लोग के  जनवरी माह तक के  वेतन भुगतान कर दिहल जाव । फरवरी माह के वेतन के  भुगतान ओही  शिक्षक लोग के कइल जाव जे  हड़ताल में शामिल ना रहे । जवन शिक्षक  इंटर औरी  मैट्रिक के  वार्षिक परीक्षा में वीक्षण अथवा मूल्यांकन के  कार्य कईले बाड़े । रउरा लोग के बता दिहल जाव की  फरवरी माह में 17 फरवरी से नियोजित प्रारंभिक शिक्षक औरी  26 फरवरी से माध्यमिक शिक्षक हड़ताल पर चल गईल रहले । श्री महाजन  जिला के    भेजल  पत्र में कहले बाड़े कि शिक्षक लोग के  हड़ताल के लेके  वेतन रोके  के  आदेश दिहल गइल रहे। कोरोना के चलते  सम्पूर्ण भारत में 14 अप्रैल तक लॉकडाउन के मद्देनजर एकरा से  संबंधित आदेश के  समीक्षा कइल गईल औरी तत्काल जनवरी तक के वेतन भुगतान के  निर्णय लिहल गइल रहे । उ सगरी डीईओ के  आदेश के  पालन करत  कृत कार्रवाई के  रिपोर्ट 31 मई के  शाम 5 बजे तक माध्यमिक औरी  प्राथिमक निदेशक के  ई मेल पर भेजे के  भी कहले बाड़े।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *