BREAKING NEWS
Search

बिहार में मिलले कोरोना के एगो अउरी मरीज, 11 पहुंचल संख्या

पटना. बिहार में कोरोना से संक्रमित मरीज लोग के  संख्या में लगातार इजाफा हो रहल बा . रविवार के सबेरे  तक मिलल आकड़ा   के मुताबिक बिहार में COVID-19 पॉजिटिव लोग के संख्या 11 हो गईल . कोरोना के  नया मरीज बिहार के  राजधानी पटना में ही पावल गईल बाड़े जवन कि लखीसराय के रहे वाला एक 30 साल के  महिला बाड़ी . महिला के  टेस्ट खातिर जब लेके आईल गउए तब उनकरा में पॉजिटिव पावल गउए . एकरा  साथ ही बिहार में कोरोना वायरस से संक्रमित मरीज लोग के संख्या 11 हो गईल . महिला के  इलाज एनएमसीएच के आइसोलेटेड वार्ड में चल रहल बा . आरएमआरआई के डायरेक्टर डॉ प्रदीप दास ने एकर  जानकारी देत  बतवले  कि आरएमआरआई में 71 सैंपल जांच करे खातिर आईल रहल हवे , जईमें से एक के  रिपोर्ट पॉजिटिव पावल  गईल बा , जबकि 70 मरीज लोग के रिपोर्ट निगेटिव आईल बा.




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *