BREAKING NEWS
Search

हथुआ राज परिवार द्वारा गरीब लोग के बीच बाटल गईल राशन

गोपालगंज / हथुआ:- कोरोना के कहर से आज जहवा पूरा दुनिया परेशान बा। भारत के माननीय प्रधानमंत्रीजी के आदेश पर पूरा देश में लॉकडाउन 14 अप्रैल तक घोषित कईल गईल बा ।लॉकडाउन के चलते सबसे ज्यादा परेशानी सामान्य परिवार सहित देहाड़ी मजदूर लोग पर पड़ल बा। आमलोग के जरूरत के ध्यान में रखते हुए हथुआ राज परिवार के महाराजा मृगेंद्र प्रताप शाहीजी के आदेश पर हथुआ स्थित नवका पैलेस में सैकड़ों गरीब मजदूर लोग के राशन सहित जरूरत के सामान बाटल गईंल।एह संकट के घड़ी में राशन सहित जरूरत के समान पाके गरीब मजदूर लोग के चेहरा खिल उठल । राशन सहित सगरी जरूरत के सामान बाटत समय में हथुआ राज द्वारा समाजिक दूरी के विशेष ध्यान राखल गईल । ऐह मौका पर हथुआ स्टेट मैंनेजर एसएन शाही, ओएसडी संजय कुँवर सहित सगरी कर्मचारी लोग उपस्थित रहल ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *