BREAKING NEWS
Search

पटना के गाँधी मैदान में मुख्यमंत्री नितीश कुमार तीर चलाके कईले बुराई के रावण बध , कार्यक्रम में बीजेपी नेता लोग के गैरहाजिरी बनल चर्चा के विषय

पटना : विजय दशमी के साथे  मंगलवार के  दशहरा खत्म  हो गईल । ओकरा  बाद अब मांई  दुर्गा के मूर्ति के विसर्जन के  तैयारी शुरू हो गईल । मंगलवार के  पटना सहित पूरा  बिहार में रावण वध के कार्यक्रम के  आयोजन कईल  गईल । पटना में मुख्‍य आयोजन गांधी मैदान में शाम में कईल गईल । रावण वध मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार के हाथ से भईल। ऐ  महत्‍वपूर्ण कार्यक्रम में भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के नेता लोग के अनुपस्थिति चर्चा के विषय बनल रहल।

एकरा पहिले सोमवार के  कार्यक्रम खातिर बनल रावण के प्रतिमा गिर गईल रहे। हालांकि, देर रात तक फेरु से खड़ा कर दिहल गईल रहे। पटना में जलजमाव से तबाही के चलते अबकी बार के रावण बध कार्यक्रम काफी सादगी से मनावल गईल  ।

पटना गांधी मैदान में देर शाम भईल बुराई के  रावण वध कार्यक्रम

दशहरा के अवसर पर पूरा  बिहार में रावण वध कार्यक्रम के  आयोजन कईल  गईल । पटना के गांधी मैदान में रावण के  75 फीट के  पुतला बनावल गईल । गांधी मैदान में देर शाम मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार शाम में कार्यक्रम के  उद्घाटन अउरी  रावण वध कईले ।कार्यक्रम में शामिल होखे खातिर  भगवान राम के  सेना यूथ हॉस्‍टल से लगभग साढ़े चार बजे निकलल । मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार करीब 4.45 बजे गांधी मैदान पहुंचले । गांधी मैदान में ही अशोक वाटिका बनावल  गईल रहुए। कार्यक्रम में रामायण के कईगो  प्रसंग (लंका दहन, मेघनाद व कुंभकर्ण वध आदि के दृश्‍य) के  झाकी देखावल गईल .अंत में मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार  तीर चलाके  रावण के  पुतला जलवले । ओकरा  साथे  ही पूरा मैदान जयश्रीराम से उद्घोष से गूंज उठल ।

एक साथे  खोलल  गईल गांधी मैदान के तेरहु  गेट

गांधी मैदान में रावण वध के लेके  सुरक्षा कड़ा रहल । रावण दहन के बाद मैदान के तेरहगो  गेट के एक साथे खोल दिहल गईल , ताकि कार्यक्रम के बाद लोग आसानी से मैदान से बाहर निकल सको ।

रसियन कलाकार लोग दिहल  भजन के  प्रस्‍तुति

रावण वध समारोह के दौरान गांधी मैदान में अबकी साल  रूस के कलाकार लोग आपन भजन प्रस्तुत कईल । ओकरा  अलावा बक्सर से आईल  कलाकार लोग  पटना युवा आवास से एगो बहुते  भव्य झांकी  निकालल लोग ।

 चर्चा के विषय बनल रहल बीजेपी नेता लोग के अनुपस्थिति

कार्यक्रम में बीजेपी के नेता लोग ना देखाई दिहल लोग । एकरा पहिले के कार्यक्रम में सताधारी दल के सगरी प्रमुख नेता लोग ऐ कार्यक्रम में शामिल होत रहले ह .  पहले के कार्यक्रमों में सत्‍ताधारी दलों के सभी प्रमुख नेता शिरकत करते रहे थे। बिहार के  राष्‍ट्रीय जनतान्त्रिक  गठबंधन (एनडीए) सरकार में बीजेपी जनता दल यूनाइटेड (जेडीयू) के  सहयोगी बा । ऐसे में बीजेपी नेता लोग के कार्यक्रम में शामिल ना रहल एगो बहुते चर्चा के विषय बनल रहे  ।

कार्यक्रम में खाली पड़ल बीजेपी नेता लोग के कुर्सी



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *