BREAKING NEWS
Search

कोरोना के हॉटस्पॉट बनल बेगूसराय में कोचिंग चलावत रहुअन टीचर, एक कमरा में बइठल रहुअन 50 छात्र

बेगूसराय. बिहार में कोरोना के हॉटस्पॉट  घोषित होखला  के बाद भी बेगूसराय  में लॉकडाउन के  धज्जियां लगातार उड़ावल  जा रहल बा . मामला जिला  के बीरपुर थाना क्षेत्र के हसनपुर फुलकारी के बा , जहां लॉकडाउन के  उल्लंघन कर एगो शिक्षक एगो  छोट कमरा में लगभग  50 बच्चन के  पढ़ावत रहुअन.

ग्रामीण जब रोकले तब शिक्षक कईले बदतमीजी

हद त तब हो गईल  जब ग्रामीण लोग  द्वारा ओह  शिक्षक के  शिक्षण कार्य बंद करे खातिर  कहल गईल तब  आरोपी शिक्षक बबलू खान  लोग के साथे  तू-तू, मैं-मैं कईले . बाद में ग्रामीण लोग एकर सूचना स्थानीय पुलिस के दिहल लेकिन जब पुलिस मौका  पर पहुंचल  औरी  शिक्षक के  पढ़ाई बंद करे खातिर कहलस तब  शिक्षक बबलू खान पुलिस के साथे  भी हाथापाई शुरू कर देहले .

पुलिस लेहलस  हिरासत में

ग्रामीण लोग  के सहयोग से पुलिस  ओह शिक्षक के  हिरासत में लेके औरी  थाना  लेके चल  गईल . टीचर के नाम इफ्तखार आलम उर्फ बबलू बतावल गईल . पुलिस ऐह  टीचर से पूछताछ भी कर रहल बा . वीरपुर थाना प्रभारी सुचित राम  बतवले  कि लॉकडाउन के उल्लंघन के आरोप में टीचर के  गिरफ्तार त ना कईल गईल बाकिर उनकरा के  बांड भरवा के  छोड़ दिहल गईल .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *