BREAKING NEWS
Search

पात्रता के पेंच में फसले NIOS से डीईएलएड कईल बारह लाख अप्रशिक्षित शिक्षक

नई दिल्ली । देश के करीब बारह लाख अप्रशिक्षित शिक्षक लोग तय समय में नया प्रशिक्षण पूरा करके भले ही अपना  मौजूदा नौकरी के जाए से बचा लिहले बा लोग  , बाकिर  भविष्य के उनकरा लोग राह  फिलहाल बंद बा । वजह एनसीटीई (राष्ट्रीय अध्यापक शिक्षा परिषद) के  स्कूल में पढ़ावे वाला शिक्षक के लेके नियम बा की , जवना के  तहत दु  साल  के डीईएलएड ( डिप्लोमा इन एलिमेंटरी एजुकेशन) करे वाला ही एकरा खातिर पात्र बाड़े । अईसे  में 18 महीना के विशेष डीईएलएड कोर्स करे वाला ऐ  लाखों शिक्षक लोग  के सामने एगो नया समस्या खड़ा  हो गईल बा ।उ शिक्षक लोग ऐ कोर्स के आधार पर कही दोसरा जगहा नौकरी नईखन कर सकत।

मानव संसाधन विकास मंत्रालय के द्वारा कईल गईल शिक्षक लोग के  बचाव

हालांकि ऐ  सब के बीच देश भर के ऐ  अप्रशिक्षित शिक्षक लोग के विशेष कोर्स करावे वाला  मानव संसाधन विकास मंत्रालय के संस्था एनआईओएस (राष्ट्रीय मुक्त विद्यालयी शिक्षा संस्थान) ओकरा लोग के साथे पूरा मजबूती के साथे खड़ा बा । संस्थान के अनुसार  डीईएलएड़ के कोर्स में कौनो  कमी नईखे । ई कोर्स  डीईएलएड के दो साल के कोर्सो जईसन ही बा ।

एनसीटीई के  चुप्पी

सरकार  शिक्षक लोग  के शिक्षण अनुभव के  देखते हुए उनकरा लोग के  राहत देत 18 महीण कोर्स करवले बा । जवना पर  एनसीटीई के  भी मंजूरी बा । अईसे  में उ लोग ऐ  आधार पर कहीं भी नौकरी करे खातिर   पात्र नखई लोग । जबकि ऐ विवाद के बढ़ला  पर एनसीटीई  चुप्पी ओढ़ लेहले बा । खासबात बात ई बा  कि अप्रशिक्षित शिक्षक लोग  के ऐ  प्रशिक्षण में निजी अउरी सरकारी दुनु  ही स्कूलों में पढ़ावे वाला   शिक्षक शामिल बाड़े । जईमें  बिहार, उत्तर प्रदेश, पश्चिम बंगाल अउरी  मध्य प्रदेश के सबसे ज्यादा अभ्यर्थी बाड़े ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *